डेढ करोड से बेसी के सामान सहित ३ गो ट्रक पकडाईलन

डेढ करोड से बेसी के सामान सहित ३ गो ट्रक पकडाईलन

वीरगंज ०७ चईत

वीरगंज से पुलीस १ करोड ६० लाख से बेसी मुल्य के तस्करी के सामान सहित ३ गो ट्रक नियन्त्रण मे लेहले बा । पुलीस १ करोड ६३ लाख ३९ हजार ८२९ रोपेया बराबर के भन्सार छली अर्थात तस्करी के सामान सहित ३ गो मालवाहक ट्रक नियन्त्रण मे लेहले बा ।

वीरगंज महानगरपालिका वार्ड नम्बर १२ मुर्लीस्थित सडकखण्ड से ना.४ ख ८७४० आ ना.३ ख ६०९५ नम्बर के मालवाहक ट्रक नियन्त्रण मे लेहल जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा के प्रवक्ता प्रहरी नायब उपरीक्षक कुमार विक्रम थापा बतवनी । वीरगंज से काठमाण्डु आ मोरङ ओरी जा रहल उ दुनु ट्रक से खाद्यान्न, दवाई, लत्ताकपडा तथा हार्डवेयर पार्टससब बरामद कईल उ बतवनी ।

एहितरे पुलीस ना. ८ ख ७२४१ नम्बर के मालवाहक ट्रक भी नियन्त्रण मे लेहले बा । वीरगंज से धनुषा ओरी जा रहल उ मालवाहक ट्रक से ३१ लख ६८ हजार ५२० रोपेया बराबर के दवाई लगायत के सामान बरामद कईल प्रहरी नायब उपरीक्षक थापा बतवनी ।

नियन्त्रण मे लेहल तीन गो ट्रक सहित के सामान जरुरी कारबाही के खातिर राजश्व अनुसन्धान कार्यालय पथलैया मे बुझावल गईल थापा बतवनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।