भारत नेपाल के २३ टन दवाई सहजोग कईलख
काठमाण्डु १० वैशाख
भारत कोभिड–१९ विरुद्ध लडे खातिर नेपाल के २३ टन दवाई सहजोग कईले बा ।
नेपाल के खातिर भारतीय राजदूत विनय मोहन क्वात्रा स्वास्थ्य तथा जनसंख्या मन्त्री भानुभक्त ढकाल के बुध के दिने उ परिमाण के दवाई हस्तान्तरण कईले बाडन ।
भारत से उपलब्ध करावल दवाईसब मे ३.२ लाख डोज पारासिटामोल आ २.५ लाख डोज हाइड्रोक्सिक्लोरोक्विन भी करके कुल ८.२५ लाख डोज बा ।
भारतीय प्रधानमन्त्री नरेन्द्र मोदी बितल चईत २ गते सार्क राष्ट्र के नेतासब से भिडियो कन्फ्रेन्स करत सार्क कोभिड–१९ आपतकालीन कोष स्थापना करेके घोषणा कईले रहलन ।
उ कोष मे भारत के ओरी से १० मिलियन अमेरिकी डलर प्रदान करेके बाचा करत मोदी सभी पडोसी मित्र राष्ट्रसब के हरसम्भव सहजोग करेके प्रतिवद्धता व्यक्त कईले रहलन ।