संविधान से देहल अधिकार मुताविक सेवा देवे खातिर पर्सा पुलीस प्रतिबद्ध : प्रउ ढुङ्गेल
संविधान से देहल अधिकार मुताविक सेवा देवे खातिर पर्सा पुलीस प्रतिबद्ध : प्रउ ढुङ्गेल

वीरगंज ०७ चईत
जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा के प्रहरी उपरिक्षक कुमोध ढुङ्गेल बुध के दिने पर्सेली सञ्चारकर्मीलोग भेटघाट तथा परिचयात्मक कार्जक्रम कईले बाडन । उ अवसर मे प्रहरी उपरिक्षक ढुङ्गेल “सत्य सेवा सुरक्षणम्” के नारा लेहल प्रहरी संगठन उपर कउनो किसिम के आँच आवे ना देवेके प्रतिबद्धता जनवले बानी ।
उ सर्वसाधारण के काम बा त अपने आई बिचौलिया लेके आवेके जरुरत ना रहल बतवनी । कउनो भी पुलीस व्यवसायिक आचरण विपरित काम कईल मिलला पर कडा कारवाही करेके बतावत संविधान से देहल अधिकार मुताविक सभी सेवा देवे खातिर पर्सा पुलीस प्रतिबद्ध रहल बतवनी । प्रहरी उपरिक्षक ढुङ्गेल संविधान आ कानून से निषेध कईल काम करेवाला के कानून के दायरा मे लियावेके काम उपर पर्सा प्रहरी प्रतिबद्ध रहल बतावत कउनो भी अपराधिक आदमी राजनितीक पहुँच आ आउर प्रभाव मे बँचे ना सकेके विश्वास दिलवनी ।
उ भारत से सीमा जुडल पर्सा के नाकासब से होखेवाला चोरी, तस्करी, लागु औषध ओसारपसार लगायत अनेकन किसिम के आपराधिक गतिविधिबारे सूचना लेवे खातिर सिभिल ड्रेस मे प्रहरी परिचालन कईल जानकारी देत आपन कार्यकाल मे पर्सावासी के शान्ति सुरक्षा के प्रत्याभूति दिलावे खातिर तत्पर रहल बतवनी । उ अवसर मे नेपाल पत्रकार महासंघ के केन्द्रिय सचिव दिपेन्द्र चौहान, केन्द्रिय सदस्य केसी लामिछाने, मधेश प्रदेश के महासचिव श्याम बञ्जारा, जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा के प्रहरी नायब उपरीक्षक कुमार बिक्रम थापा लगायत पर्सेली पत्रकारलोग के सहभागिता रहल रहे ।






