होली के उपलक्ष्य मे आयोजना कईल कार्जक्रम मे ४८ जने कईलें खुनदान
होली के उपलक्ष्य मे आयोजना कईल कार्जक्रम मे ४८ जने कईलें खुनदान

वीरगंज १० चईत
वीरगंज के घण्टाघर चोक मे शनिचर के दिने आयोजना कईल खुनदान कार्जक्रम मे चार जनानी सहित ४८ जने खुनदान कईले बाडन ।
होली पर्व के उपलक्ष्य मे श्री सत्य साई मधेस प्रदेश समिति से आयोजना कईल खुनदान कार्जक्रम मे ४८ जने खुनदान कईले बाडन ।
खुनदान करेवाला मे सरस्वती श्रेष्ठ, अस्मिता चौधरी, सन्दिप सर्राफ, चन्देश्वर चौरसिया, रविकान्त चौरसिया, बलिराम पाण्डे, जगदीश चौहान, रोशन साह, विपिन साह कानु, विश्वजीत कुमार, विशाल यादव, सुरेश सर्राफ, नरेश चौरसिया, नरेश सर्राफ, विभुषण प्रसाद चौरसिया, प्रितम ठाकुर, सुमित सत्याल लगायत के रहल रक्त संचार केन्द्र वीरगंज के प्राविवधिक प्रमुख सरौभराज पाण्डे जानकारी देहनी ।
श्री सत्य साई मधेस प्रदेश के अध्यक्ष जीवन चौरसिया के अध्यक्षता मे भईल कार्जक्रम मे संस्था के सदस्य चन्देश्वर चौरसिया, रविभुषण चौरसिया, राजेन्द्र प्रसाद लगायत के सहभागिता रहल रहे ।






