चरेस के कारोबार मे संलग्न रहल आरोप मे ३ जने पकडईलें

चरेस के कारोबार मे संलग्न रहल आरोप मे ३ जने पकडईलें

वीरगंज १० चईत

वीरगंज मे लागुपदार्थ चरेस के खरिदबिक्री करेवाला गिरोह के पुलीस पकडले बा । नेपाल के पहाडी जिल्ला से चरेस लेके वीरगंज आके भारतीय के बिक्री करेके समय मे ओमे संलग्न एक नेपाली आ दु भारतीय के पुलीस पकडले बा ।

पकडाएवाला मे धादिङ के गजुरी गाँवपालिका–८ के २९ बरीस के सुरेश तामाङ, भारत के बिहार राज्य के सिवान के २४ बरीस के महमद आलम आ सिवान के २२ बरीस के आरिफ राज रहल बाडन । उलोग के साथ से चरेस १२ किलो २४० ग्राम आ नेपाली नगद २ लाख ५० हजार रोपेया भी बरामद कईल पर्सा के प्रहरी नायब उपरीक्षक कुमार विक्रम थापा जानकारी देहनी ।

प्रहरी नायब उपरीक्षक थापा के मुताविक वीरगंज भन्सार नाका क्षेत्र मे परेवाला रजतयन्ति चोक मे शुक के सबेरे चेकजाँच के समय मे पुलीस भारत के रक्सौल से पैदल आरहल आलम के श्रोत खुले ना सकल नेपाली नगद २ लाख रोपेया सहित नियन्त्रण मे लेहले रहे ।

अनुसन्धान के समय मे आलम उ रकम चरेस खरिद के खातिर लेके आईल बयान पुलीस के देहले रहलन । ओकरा बाद पुलीस वीरगंज के घण्टाघर चोकस्थित नारायणी गेष्ट हाउस मे पुगल रहे । गेष्ट हाउस के १०९ नम्बर कोठरी मे पुलीस पुगला पर कोठरी भितर रहल राज के साथ से ३ गो पोका मे रहल १२ किलो २४० ग्राम चरेस पुलीस से बरामद कईले रहे ।

पुलीस राज के चरेस सहित नियन्त्रण मे लेहला के बाद गेष्ट हाउस के दोसर कोठरी मे रहल तामाङ झ्याल से कुदके भागेके खोजला पर पुलीस तामाङ के भी नियन्त्रण मे लेहल प्रहरी नायब उपरीक्षक थापा बतवनी । तीन तल्ला उपर से कुदल तामाङ के गोड टुटल आ पुुलीस के निगरानी मे उनकर नारायणी अस्पताल मे ईलाज हो रहल थापा जानकारी देहनी ।

प्रारम्भिक बयान के समय मे तामाङ उ चरेस ट्याक्सी मे लेके वीरगंज आईल मात्र बतावल माकिर चरेस कहाँ से लेके आईल कहके बारेमे ना खुलावल प्रहरी नायब उपरीक्षक थापा जानकारी देहनी । पकडाईल तीन जने विरुद्ध लागूऔषध सम्बन्धी कसुर मे आउर अनुसन्धान काम हो रहल थापा बतवनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।