होल्डिङ सेन्टर के स्वामित्व हस्तान्तरण अन्योल मे

होल्डिङ सेन्टर के स्वामित्व हस्तान्तरण अन्योल मे

वीरगंज १५ चईत

पर्सा के वीरगंज स्थित भारतीय सीमानाका मे बनल होल्डिङ सेन्टर के स्वामित्व हस्तान्तरण के विषय टुङ्गो ना लागला पर होल्डिङ सेन्टर अलपत्र परल बा ।

कोरोना महामारी रोकथाम तथा नियन्त्रण करेके उद्देश्य से निर्माण कईल होल्डिङ सेन्टर भवन स्वामित्व हस्तान्तरण अन्योल भईला से भवन अलपत्र परल बा ।

सरकार विसं २०७८ वैशाख ५ गते मन्त्रिपरिषद् के निर्णय मुताविक नेपाली सेना करिब रु २८ करोड के लागत मे १३ भान्साघर, २२ सिपटी, सामान्य लक्षण भईल के खातिर ९ सय शय्या आ जटिल अवस्था के मरेजी के खातिर एक सय शय्या तथा तीन वातानूकुलित सहित के भिआइपी कक्ष निर्माण कईल उ होल्डिङ सेन्टर के सेना के टोली सुरक्षा देरहल बा ।

निर्माणकाम पुरा भईला लम्हर समय तक भी होल्डिङ सेन्टर के स्वामित्व हस्तान्तरण होखे सकल नईखे । “होल्डिङ सेन्टर के स्वामित्व के लि कहके अभी भी निश्चित होखे सकल नईखे”, वीरगंज महानगरपालिका के स्वास्थ्य शाखा संयोजक अनिलकुमार यादव कहनी, “स्वामित्व के निश्चित ना भईला से होल्डिङ सेन्टर मे बिजुली आ खानेपानी जडान होखे सकल नईखे ।” होल्डिङ सेन्टर मे तत्काल बिजुली आ खानेपानी के जडान करे खातिर पहल कईला पर भी स्वामित्व के निश्चित ना भईला पर उ सम्भव होखे ना सकल उनकर कहनाम बा ।

होल्डिङ सेन्टर के स्वामित्व सङ्घीय, प्रदेश भा स्थानीय सरकार केकर होखेके अभी निश्चित ना भईला से समस्या भईल स्वास्थ्य शाखा संयोजक यादव बतवनी । भौतिक पूर्वाधार पूर्ण रूप मे तईयार भईला पर भी एकरा के नियमित सञ्चालन के खातिर स्वामित्व हस्तान्तरण आ बजेट के कमी रहल पर्सा के प्रमुख जिल्ला अधिकारी दिनेश सागर भुषाल बतवनी ।

“हमनी महानगरपालिका के स्वामित्व के खातिर पत्राचार कईनी, माकिर महानगरपालिका बजेट कमी के चलते स्वामित्व लेके सञ्चालन करे ना सकेके कहके जवाफ देहलख”, प्रजिअ भुषाल कहनी, “ओकरा बाद मधेस प्रदेश सरकार आ स्वास्थ्य विभाग के भी पत्राचार कईल गईल, माकिर अभी तक कउनो भी जवाफ आवे सकल नईखे ।”

होल्डिङ सेन्टर सञ्चालन के खातिर जिल्ला के सभी संयन्त्र तईयार भईला पर भी स्वामित्व हस्तान्तरण आ बजेट के समस्या भईल प्रजिअ भुषाल के कहनाम बा । “विद्युत् प्राधिकरण आ खानेपानी के प्रमुख के बोलाके होल्डिङ सेन्टर मे बिजुली आ खानेपानी जडान करे खातिर निहोरा कईनी, माकिर उलोग स्वामित्व के निश्चित ना होखे तक बिजुली आ धारा जडान करे नईखी सकत कहके जवाफ देहनी”, प्रजिअ भुषाल कहनी, “ओहिसे अभी होल्डिङ सेन्टर अलपत्र अवस्था मे छोडेके परल बा । ”

एहितरे भारतीय सीमा क्षेत्र मे महानगरपालिका से स्थापना कईल हेल्थ डेस्क मे खटल ल्याब टेक्निसियन निशा साह भारत से आवतजावत करेवाला करिब दुु सय से तीन सय जने विदेशी के दैनिक रूप मे कोरोना जाँच कर रहल बतवनी ।

होल्डिङ सेन्टर सञ्चालन ना भईला से जाँच के समय मे कोरोना पोजेटिभ देखल गईल मरेजी के होम क्वारेन्टिन मे रहे खातिर सुझाव देत घर पठावेके बाध्यता रहल उनकर कहनाम बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।