रेडियो वीरगंज के १९ वाँ वार्षिकोत्सव मे लाइभ कन्सर्ट, दर्शकलोग खुबे झुमलें
वीरगंज २५ अगहन
मध्य तराई के पहिलका रेडियो, रेडियो वीरगंज आपन १९ वाँ वार्षिकोत्सव के अवसर मे शनिचर के दिने आयोजना कईल लाइभ कन्सर्ट भव्य रुप मे पुरा भईल बा । वीरगंज के आदर्शनगर मे भईल कन्सर्ट मे स्थानिय तथा राष्ट्रियस्तर के ख्याती प्राप्त कलाकारलोग से राखल प्रस्तुती मे दर्शकलोग खुबे झुमल रहलन ।
कार्जक्रम मे नेपाली गायक प्रकाश सपुत, हेमन्त शर्मा, कमल खत्री, एलिना चौहान, मेलिना मैनाली, सञ्जु अमात्य, भोजपुरी गायक सुनिल पण्डित, हाँस्य कलाकार सुबोध गौतम प्रस्तुती देहले रहलन । एकरा साथे कल्युड डान्स ग्रुप हेटौडा के कलाकारलोग नृत्य प्रस्तुत कईले रहलन ।
रेडियो वीरगंज तथा टिभी वीरगंज के कार्यकारी अध्यक्ष ध्रुब साह के अध्यक्षता मे भईल कन्सर्ट के उदघाटन पर्सा क्षेत्र नं. १ के प्रतिनिधि सभा सदस्य (सांसद) प्रदीप यादव कईले रहलन ।
कन्सर्ट के उदघाटन करत सांसद यादव मधेश आन्दोलन से से अभी तक के अवस्था आ व्यवस्था परिवर्तन मे रेडियो बीरगंज के महत्वपूर्ण भूमिका रहल बतवनी । उ रेडियो के बितल जईसन हरदम सत्य आ तथ्य मे आधारित सामाचार प्रसारण करत जनता के सुचित करे खातिर शुभकामना देहनी ।
कार्जक्रम के प्रमुख अतिथी भी रहल सांसद यादव मधेश आन्दोलन के घायल एवम् कार्जक्रम के बिशिष्ट अतिथी मुन्सी पटेल के संकेत करत खुद सँगे के मधेश आन्दोलन के आन्दोलनकर्ता के दुखद अवस्था अईला पर भी सरकार कुछो करे ना सकल कहत दुःख व्यक्त कईनी ।
कार्जक्रम मे पर्सा के सहायक प्रमुख जिल्ला अधिकारी भिमकान्त पौडेल, जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा के प्रहरी उपरीक्षक रमेश कुमार बस्नेत, सशस्त्र प्रहरी उपरीक्षक राजेन्द्र खड्का, उद्योगपती अशोक वैध, लोसपा के नेता राजेशमान सिँह, नेजामुदिन सम्मानी, शिव पटेल, ओमप्रकाश सर्राफ, जसपा के वीरगंज महानगर अध्यक्ष ईश्वर यादव लगायत के सहभागीता रहल रहे ।
कार्जक्रम के संचालन रेडियो वीरगंज के उज्जवल घिमिरे आ निलिमा पौडेल कईले रहनी । कार्जक्रम मे स्वागत मन्तव्य रेडियो के ध्रुव अधिकारी रखले रहनी ।
कार्जक्रम मे विशिष्ट अतिथी मधेश आन्दोलन के घायल मुन्सी पटेल के रेडियो व्हील चेयर प्रदान करत सम्मान भी कईले रहे । एहितरे, रेडियो वीरगंज के उत्कृष्ट कर्मचारी के रुप मे रेडियो के लेखापाल राजेश चौधरी आ कार्जक्रम प्रस्तोता एमके गुप्ता के भी नगद सहित सम्मान कईल रहे ।