सीमा मे अपराध रोके खातिर स्थानीय से सशस्त्र पुलीस के संवाद अभियान
सीमा मे अपराध रोके खातिर स्थानीय से सशस्त्र पुलीस के संवाद अभियान

बारा १८ चईत
सीमा क्षेत्र मे बढल अपराध रोके खातिर सशस्त्र पुलीस सीमा आसपास के बासिन्दा से दशगजा मे दोहोरो संवाद अभियान सुरु कईले बा ।
जिल्ला अन्तर्गत परेवाला ६२ किमि खुला सीमा के फायदा उठावत दुनु ओरी होखेवाला चोरी तस्करी सँगे हाथहथियार, विस्फोटक पदार्थ, लागूऔषध, नक्कली नोट, मानव ओसारपसार रोके खातिर अभियान सुरु कईल सीमा सुरक्षा बल सशस्त्र प्रहरी के १२ नम्बर गण के गणपति प्रहरी उपरीक्षक सन्तोषबहादुर सिंह बतवनी ।
संवाद के समय मे सिम्रौनगढ नगरपालिका ९ बसवरिया गाँव के देवताल पोखरी मे शनिचर के दिने सीमा आसपास के स्थानीयबासिन्दा से संवाद कईल बा । सहभागी जनप्रतिनिधि, व्यापारी, स्थानीय बासिन्दा जीविकोपार्जन से जोडल सीमा के सहज बनावेके माग कईनी । सीमा मे आउजाउ से, वियाह मे प्रयोग होखेवाला सवारी साधन आवागमन, किसान के जरुरी खाद, बीया, भोजभतेर के खातिर जरुरी खाद्यान्न भारत मे सस्ता परेवाला भईला से व्यक्तिगत प्रयोग के खातिर भारतीय बजार से लियावेके सहज व्यवस्था करावे खातिर उलोग निहोरा कईले रहलन ।
‘कानुन के ख्याल करके सामाजिक व्यवहार भी देखेके पडि,’ संवाद मे सहभागी सिम्रौनगढ नगरपालिका के नगर प्रमुख किशोरीप्रसाद कलवार कहनी, ‘नेपाल भारत बीच सदियो से धार्मिक, सामाजिक, सांस्कृतिक सम्बन्ध के भी ख्याल करके ‘बेटीरोटी’ के सम्बन्ध बँचेवाला किसिम से सशस्त्र सीमा सुरक्षा बल से ध्यान देवेके पडि ।’ सीमा नाका से होखेवाला कानुनविपरीत कारोबार आ अपराध रोकेके दायित्व सीमा सुरक्षा बल के भईला से ओमे सहजोग पुगावे खातिर सीमा आसपास के बासिन्दा के उ निहोरा कईनी ।
सशस्त्र सीमा सुरक्षा बल सीमा मे लम्हर पैदल गस्ती भी बढवले बा । सीमा सुरक्षा करे खातिर सशस्त्र प्रहरी बल के काम, कर्तव्य भईला पर भी ओमे सकारात्मक सहजोग पुगावे खातिर गणपति सिंह सहभागीलोग से निहोरा कईनी ।
‘अधिकांश अपराध खुला सीमा के चलते होखेवाला भईला से सीमा मे जाँच मे कडाइ करेके बाध्यता बा,’ प्रहरी उपरीक्षक सिंह कहनी, ‘कडाइ कईला पर दुव्र्यवहार भईल ना मानेके परल । ओकरा के सकारात्मक लेवेके पडल’ कहनी ।





