रामनवमी के अवसर मे वीरगंज मे महाआरती होखी
रामनवमी के अवसर मे वीरगंज मे महाआरती होखी

वीरगंज २१ चईत
वीरगंज मे रामनवमी के अवसर मे बैशाख ४ गते सबेरे ७ बजे बृहत प्रभात फेरि आ ५ गते वीरगंज के प्रसिद्ध गहवामाई मन्दिर मे महाआरती के आयोजना होखेके जनावल गईल बा ।
श्री गहवामाई रथ यात्रा समिति के आयोजना मे देश विदेश मे सु–प्रसिद्ध एतिहासिक श्री गहवा माई के दुसरका महाआरती इहे बैशाख ५ गते बुध के दिने रामनवमी के दिन सँझिया ६ बजे मन्दिर के प्राङ्गण मे होखेके भईल बा ।
रथ यात्रा समिति के महासचिव पपु गुप्ता के मुताविक महाआरती मे सहभागी होखे खातिर कउनो भी शुल्क ना लागी कहके बतवनी । महाआरती मे भिड के नियन्त्रण करे खातिर टोकन के व्यवस्था कईल बा ।
एकरा खातिर सहभागी होखेवाला श्रद्धालुलोग माईस्थान सञ्चालक समिति के कार्याल से इहे २३ गते से निःशुल्क टोकन नम्बर लेवे सकेके गुप्ता बतवनी ।
महाआरती मे भक्तजन घर से आरती के सामानसब जईसे पुजा के थाली, फुल, दिया, तेल, बत्ति, सलाइ सहित सहभागी होखेके बा । एहितरे, वैशाख ४ गते सबेरे ७ बजे से होखेवाला प्रभात फेरि मे भी सहभागी होखे खातिर महासचिव गुप्ता निहोरा कईले बानी । ‘महाआरती’ मे वीरगंजवासी लगायत दुर दुर से स्वःस्फुर्तरूप मे भक्तजन सहभागी होखेवाला भईला से एकरा से धार्मिक पर्यटन प्रवद्र्धन होखेके ज्योतिष सम्राट पुरुषोत्तम दुबे बतवनी । पिछिलका बरीस भईल पहिलका महाआरती मे हजारो के सख्या मे पर्सा, बारा तथा पडोसी देश भारत बिहार के रक्सौल लगायत आसपास के भक्तजन सहभागी भईल उनकर कहनाम बा ।





