स्वास्थ्य कार्यालय पर्सा के आयोजना मे राष्ट्रिय खोप कार्जक्रम के समिक्षा तथा अभिमुखिकरण गोष्ठी पुरा
स्वास्थ्य कार्यालय पर्सा के आयोजना मे राष्ट्रिय खोप कार्जक्रम के समिक्षा तथा अभिमुखिकरण गोष्ठी पुरा

वीरगंज २४ चईत
जिल्ला स्वास्थ्य कार्यालय पर्सा के आयोजना मे राष्ट्रिय खोप कार्जक्रम के समिक्षा तथा सुक्षम योजना अध्यावधिक पुर्ण खोप घोषणा आ दिगोपना दु दिने अभिमुखिकरण गोष्ठी शनिचर के दिने पुरा भईल बा ।
कार्जक्रम के समापन समारोह के सम्बोधन करत पटेर्वासुगौली गाँवपालिका के स्वास्थ्य शाखा संयोजक भुजेन्द्र यादव दिन रात खटेवाला स्वाथ्यकर्मी कर्मचारीलोग के सहजोग के चलते स्वास्थ्य सेवा मे बढिया नतिजा आईल बतवनी ।
यादव जेठ ३ गते जिल्ला के पुर्ण खोप जिल्ला घोषणा कार्जक्रम के सफल बनावे खातिर सभी मे निहोरा कईले रहनी । उ सरसफाई प्रवद्र्धन कार्जक्रम खोप शेषन अनिवार्य संचालन करे खातिर निहोरा कईले रहनी ।
सरसफाई के व्यवहार परिवर्तन से पेटझरी, टाईफाईड जईसन बेमारी कम लागेवाला भईला से प्रभावकारी रुप मे लागे खातिर सभी से निहोरा कईले रहनी ।
कार्जक्रम मे ४ गो पालिका के स्वास्थ्य शाखा संयोजक तथा सभी पालिका के स्वास्थ्यकर्मीलोग के सहभागीता रहल स्वास्थ्य कार्यालय पर्सा के जनस्वास्थ्य अधिकृत जयमोद ठाकुर बतवनी ।
उ अवसर मे अधिकृत मल्लिका श्रेष्ठ के सहजोग मे स्वाथ्यकर्मीलोग के सरसपÞmाई ब्यवहार के बारे नाटक के रुप मे रमा आ उमा के कथा मे नाटक भी देखवले रहनी ।
शनिचर के दिने पहिलका चरण के गोष्ठी पुरा भईल आ एकरा बाद पर्सा जिल्ला के ११२ वार्ड के स्वास्थ्य संस्था प्रमुख सहित पालिका सयोजक के सहभागिता मे उ कार्जक्रम ४ चरण मे पुरा करेके लक्ष्य रहल जनस्वास्थ्य अधिकृत ठाकुर बतवनी ।
पहिलका चरण मे छिपहरमाई, जिराभवानी, पटेर्वासुगौली गाँवपालिका तथा पर्सागढी नगरपालिका संयोजक आ स्वास्थ्य संस्था प्रमुख के सहभागिता रहल रहे । जिराभवानी गाँवपालिका से अजय दास थारु, छिपहरमाई गाँवपालिका से सनी कुमार, पर्सागढी नगरपालिका से अमरुदिन मिया के सहभागिता रहल बतावल गईल बा ।
स्वास्थ्य कार्यालय पर्सा के कार्यालय प्रमुख डा मुक्ति नारायण साह के अध्यक्षता मे भईल कार्जक्रम के सहजीकरण जनस्वास्थ्य अधिकृत जयमोद ठाकुर कईले रहनी ।






