नेशनल मेडिकल कलेज मे महानगर के छापा, एमडी अन्सारी सहित दु जने पकडईलें
नेशनल मेडिकल कलेज मे महानगर के छापा, एमडी अन्सारी सहित दु जने पकडईलें

वीरगंज २६ चईत
वीरगंज के नेशनल मेडिकल कलेज तथा शिक्षण अस्पताल के प्रबन्ध निर्देशक शहनवाज हुसेन अन्सारी आ ल्याब प्रमुख सन्जय साह के पुलीस नियन्त्रण मे लेहले बा । मेडिकल कलेज के ल्याब आ फार्मेसी मे म्याद बितल दवाई आ केमिकल मिलला के बाद पुलीस दुनु जने के नियन्त्रण मे लेहले बा ।
दुनु जने के नियन्त्रण मे लेके जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा मे राखल पर्सा के प्रहरी प्रवक्ता प्रहरी नायब उपरीक्षक केशर न्यौपाने जानकारी बतवनी । सोमार के दिने वीरगंज महानगरपालिका के बजार अनुगमन समिति मेडिकल कलेज के ल्याब आ फार्मेसी मे छापा मरले रहे ।
उ समय मे ल्याब मे मरेजी के ईलाज मे प्रयोग हो रहल अवस्था मे म्याद बितल केमिकल आ फार्मेसी मे भी म्याद बितल दवाई मिलल अनुगमन समिति के सदस्य तथा महानगर के कार्यपालिका सदस्य कन्हैया ठाकुर बतवनी । अनुगमन टोली मे पर्सा के प्रहरी उपरीक्षक कुमोध ढुंगेल भी सहभागी रहनी ।
मेडिकल कलेज के ल्याब आ फार्मेसी मे करके बितल ४० से बेसी किसिम के केमिकल आ दवाई बरामद कईल पटेल जानकारी देहनी । उ कहनी, ‘ल्याब मे मरेजी के खुन परीक्षण मे प्रयोग करेवाला केमिकलसब म्याद बितल मिलल । फ्रिज मे राखल केमिकल भी म्याद बितल मिलल । सन् २०२१ फेब्रुअरी मे डेट एक्स्पायर भईल केमिकलसब मिलल । एहितरे फार्मेसी मे भी अनेकन किसिम के दवाईसब डेट एक्स्पायर भईल मिलल बा ।’
ल्याब आ फार्मेसी मे म्याद बितल केमिकल आ दवाई मिलला के बाद अनुगमन टोली मे सहभागी रहल प्रहरी उपरीक्षक ढुंगेल प्रबन्ध निर्देशक अन्सारी आ ल्याब प्रमुख साह दुनु के नियन्त्रण मे लेके जिल्ला प्रहरी कार्यालय मे लेगईल ठाकुर जानकारी देहनी ।
एने पर्सा के प्रहरी प्रवक्ता प्रहरी नायब उपरीक्षक न्यौपाने भी अन्सारी आ साह के पुलीस नियन्त्रण मे लेहल पुष्टि कईनी । उ कहनी, ‘ल्याब आ फार्मेसी मे म्याद बितल केमिकल आ दवाई मिलला के बाद दुनु जने के पुलीस नियन्त्रण मे लेहले बा । अभी जिल्ला प्रहरी कार्यालय मे राखल बा । म्याद बितल केमिकल आ दवाई भी पुलीस नियन्त्रण मे लेहले बा ।’ ई बारे मे आउर अनुसन्धान हो रहल भी उ बतवनी ।
मेडिकल कलेज मे सोमार के दिने छापा मारे गईल महानगर के अनुगमन टोली मे प्रहरी उपरीक्षक ढुंगेल सँगे वीरगंज उद्योग वाणिज्य संघ के सचिव मनोज दास, जिल्ला प्रशासन कार्यालय पर्सा के प्रतिनिधि ब्रम्हदेव यादव, घरेलु तथा साना उद्योग कार्यालय पर्सा के सन्जय महतो, औषधि व्यवस्था विभाग, महानगर के स्वास्थ्य शाखा के स्वास्थ्यकर्मी लगायत के भी सहभागिता रहे ।






