भाषा संस्कृति के संरक्षण मे वीरगंज महानगर जिजान से लागी : मेयर सरावगी

वीरगंज २१ कुवार

वीरगंज महानगरपालिका के नगर प्रमुख विजय कुमार सरावगी स्थानीय भाषा, संस्कृति संरक्षण आ संम्बद्र्धन मे वीरगंज महानगरपालिका पहिलका स्थानीय तह रहल बतवले बानी ।

भोजपुरी प्रतिष्ठान वीरगंज के कार्यालय उदघान करत महानगर प्रमुख सरावगी स्थानीय सकार से करेवाला प्राथामिकता के कामसब मेसे स्थानीय भाषा आ संस्कृति संरक्षण के खातिर भोजपुरी प्रतिष्ठान गठन कईल पहिलका स्थानीय तह वीरगंज महानगर रहल बतावत एकरा के अगाडि बढावे खातिर हम जिजान से लागेके प्रतिबद्धता भी जनवले रहनी ।

उ कउनो भी स्थानीय तह के विकास मे उहाँ के भाषा, संस्कृति आ समुदाय हि भईला से अधिकांश स्थानीय तह के बोलीचाली के भाषा भोजपुरी के आउर बेसी विकास आ सम्वद्र्धन के खातिर वीरगंज महानगरपालिका भोजपुरी प्रतिष्ठान गठन कईल बतवनी । उ अभी तईयारी हो रहल जनगणना मे खुद स्थानीय स्तर मे बोलेवाला भाषा के आधार मे भोजपुरी भाषा हि प्रमुख भाषा उल्लेख करेके बतावत भोजपुरी भाषा, संस्कृति के संरक्षण, सम्वद्र्धन आ विकास के खातिर प्रतिष्ठान से काम करेके विश्वास व्यक्त कईनी । प्रतिष्ठान के खातिर भवन शिलान्यास भईल बतावत उ भवन निर्माण के खातिर महानगरपालिका बजेट भी विनियोजन कईल बतवनी ।

भोजपुरी प्रतिष्ठान वीरगंज के अध्यक्ष उमाशंकर द्विवेदी के अध्यक्षता मे भईल कार्जक्रम मे वार्ड नम्बर ८ के वार्ड अध्यक्ष राजकिशोर गुप्ता, नेपाल पत्रकार महासंघ के केन्द्रीय सदस्य केसी लामिछाने, पर्सा अध्यक्ष अनुप तिवारी लगायत के लोग मन्तव्य व्यक्त कईले रहलन ।

कार्जक्रम मे भोजपुरी प्रतिष्ठान मे मनोनित भोजपुरी टाइम्स दैनिक के प्रकाशक अजय कुमार चौरसिया, भोजपुरी माटी पत्रिका के रामप्रसाद साह, आपन वीरगंज अनलाईन के मिथिलेश चौरसिया, एहितरे भोजपुरी भाषा मे काम करेवाला राजेन्द्र सिंह नेपाली, ध्रुव सिंह ठकुरी, डा. हरेन्द्र हिमकर लगायत के लोग कार्यकारिणीसभा के सदस्य मनोनित भईला मे उलोग के मनोनित पत्र भी देहल गईल रहे । कार्जक्रम के सहजीकरण प्रतिष्ठान के सदस्य एवं पत्रकार रितेश त्रिपाठी कईले रहनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।