एमडी आ ल्याब प्रमुख के छोडेके माग करत स्वास्थ्यकर्मी के प्रदर्शन
एमडी आ ल्याब प्रमुख के छोडेके माग करत स्वास्थ्यकर्मी के प्रदर्शन

वीरगंज २७ चईत
पर्सा पुलीस से पकडल वीरगंज के नेशनल मेडिकल कलेज तथा शिक्षण अस्पताल के प्रबन्ध निर्देशक(एमडी) शहनवाज अन्सारी आ ल्याब प्रमुख सन्जय साह के छोडेके माग करत मेडिकल कलेज के स्वास्थ्यकर्मी आ कर्मचारीले प्रदर्शन कईले बाडन ।
सोमार के दिने मेडिकल कलेज के ल्याब मे वीरगंज महानगर के अनुगमन समिति अनुगमन करेके समय मे म्याद बितल केमिकल लगायत के दवाई बरामद भईला के बाद पुलीस मेडिकल कलेज के एमडी अन्सारी आ ल्याब प्रमुख साह के पकडले रहे । पुलीस से पकडल अन्सारी के स्वास्थ्य अवस्था बिगडला के बाद सोमार के रात हि उनका के वीरगंज हेल्थकेयर हस्पिटल मे भर्ना कईल बा ।
पुलीस पूर्वाग्रही होके एमडी अन्सारी आ ल्याब प्रमुख साह के पकडल कहत मेडिकल कलेज के स्वास्थ्यकर्मी आ कर्मचारीलोग मंगर के दिने प्रदर्शन कईले बाडन । हाथ मे झाडु आ पोस्टर लेके जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा अगाडि पुगल करिब १ सय ५० जने के संख्या मे रहल उलोग पुलीस विरुद्ध नाराबाजी भी कईले रहलन । एमडी अन्सारी आ ल्याब प्रमुख साह के विना सर्त रिहा करेके उलोग के माग रहे ।
एहितरे मंगर के दिने हि मेडिकल कलेज प्रशासन एक प्रेस विज्ञप्ति जारी करत एमडी अन्सारी आ ल्याब प्रमुख साह के पुलीस पूर्वाग्रही होके नियन्त्रण मे लेहल अन्यायपूर्ण आ अनुचित रहला से तत्काल दुनु जने के छोडेके माग कईले बा ।
मेडिकल कलेज के प्रमुख प्रशासकीय अधिकृत गौसुल आजम से जारी कईल प्रेस विज्ञप्ति मे पुलीस एमडी अन्सारी आ ल्याब प्रमुख साह के पूर्वाग्रही होके पकडके लेगईला से विना शर्त रिहा करेके माग कईले बाडन ।
सोमार के दिने वीरगंज महानगरपालिका के बजार अनुगमन समिति मेडिकल कलेज के प्रयोगशाला मे छापा मारके म्याद बितल करिब ४० किसिम के केमिकल लगायत के दवाई मिलला के बाद प्रहरी उपरीक्षक कुमोध ढुंगेल नेतृत्व के प्रहरी टोली एमडी अन्सारी आ ल्याब प्रमुख साह के नियन्त्रण मे लेहले रहे ।






