अपन बेटा के हत्या भईला पर भी पुलीस मुद्दा दर्ता ना कर रहल पिडित के सिकायत
अपन बेटा के हत्या भईला पर भी पुलीस मुद्दा दर्ता ना कर रहल पिडित के सिकायत

प्रभु यादव
बारा २७ चईत
आपन बेटा के हत्या भईला पर भी बारा पुलीस मुद्दा दर्ता ना कर रहल सिकाईत एक जने अभिभावक कईले बाडन ।
मंगर के दिने बारा के कलैया मे पत्रकार सम्मेलन करके पचरौता नगरपालिका–९ के सोनालाल यादव अईसन बतवले बानी । यादव हमर बेटा १८ बरीस के प्रदीप कुमार यादव के स्थानीय नवल यादव सहित के आदमी हत्या कईल आरोप लगवनी । बितल पुस १ गते हमर बेटा के हत्या करके नहर के रास्ता मे बिगल यादव आरोप लगवनी । कुँडवा विद्यालय मे किलास आठ मे पढेवाला हमर बेटा के किलास १० मे पढेवाली एक युवती प्रेम पत्र लिखला के चलते हमर बेटा के हत्या भईल आरोप सोनालाल यादव लगवनी । हमर घर मे भी आके स्थानीय नवल यादव समुह अगहन ५ गते आक्रमण करके हमर बेटा के पिटपाट कईल पत्रकार सम्मेलन मे सोनालाल बतवनी । पुलीस हत्या के दुर्घटना बनावल आरोप पिडित के रहल बा ।





