वीरगंज नाका मे आईल तीन रयाक पोटास
वीरगंज नाका मे आईल तीन रयाक पोटास

वीरगंज २९ चईत
कृषि सामग्री कम्पनी के तीन रयाक पोटास वीरगंज नाका मे आईल बा । हप्ता दिन एने ३ गो रेल्वे ¥याक मे पोटास वीरगंज स्थित सिर्सिया सुक्खा बन्दरगाह मे आईल कम्पनी मधेश प्रादेशिक कार्यालय वीरगंज के प्रमुख दुर्गाप्रसाद पाण्डे जानकारी देहनी । ग्लोबल टेण्डर से भारत के इन्डियन पोटास लिमिटेड तुर्कमिनिस्तान से उ खाद लियावल बा ।
बुध के दिने तिसरका रयाक सिर्सिया सुक्खा बन्दरगाह मे आईल बा । ‘कन्साइन्मेट नम्बर १ सय १५ से कुल १० हजार मेट्रिक टन पोटास आरहला मे ३ ¥याक मे पोटास वीरगंज आईल बा,’ उ कहनी, ‘एक रेल्वे ¥याक पोटास भैरहवा लगेके भारतीय नाका नौतनवा स्थित रेल्वे स्टेशन मे पुगत बा ।’ उ खाद कम्पनी के भैरहवा प्रादेशिक कार्यालय लि ।
सामान्यतया एक रेल्वे ¥याक से २ हजार ५ सय मेट्रिक टन खाद लादेला । कुल १० हजार मेट्रिक टन मेसे वीरगंज प्रादेशिक कार्यालय ४ हजार मेट्रिक टन खाद मिली । बाँकी भैरहवा आ बिराटनगर प्रादेशिक कार्यालय के मिली । वीरगंज आईल मेसे वीरगंज कार्यालय से राखेवाला बाहेक खाद बिरामेट्रिक विराटनगर आ भैरहवा ओरी लेगईल बा ।
अभी आईल पोटास खाद आवेवाला बर्षे धान बाली सिजन के खातिर उपयोगी होखेके पाण्डे बतवनी । कम्पनी मधेश प्रादेशिक कार्यालय मधेश आ वाग्मती प्रदेश के समेत करके १६ जिल्ला मे मल परिचालन करत आईल बा ।






