पर्सा मे गठबन्धन ना स्वीकारेके कांग्रेस नेतालोग के घोषणा

वीरगंज ३० चईत

नेपाली कांग्रेस पर्सा के कुछ नेतालोग स्थानीय तह चुनाव मे गठबन्धन अस्वीकार करेके घोषणा कईले बाडन ।

नेपाली कांग्रेस वीरगंज महानगर समिति सभापति मनिन्द्रलाल श्रेष्ठ (नेपाली), क्षेत्र नं. १ के सभापति अरविन्दकुमार गुप्ता, प्रदेश सभा क्षेत्र नं. १ के आ २ के (क) आ (ख ) के क्षेत्रीय सभापतिलोग गठबन्धन अस्वीकार करेके बतवले बाडन ।

‘साथीलोग के भावना विपरीत निर्वाचन मे समाहित भईला पर पार्टी उपर बडका घात होखेके देखल गईल बा’, उलोग कहले बाडन, ‘पर्सा मे कउनो भी गठबन्धन स्वीकार ना रहल जानकारी हमनी इहे विज्ञप्तिमार्फत पार्टी केन्द्रीय कार्यालय के करावल जाई ।’

नेपाली कांग्रेस पर्सा क्षेत्र नं. १ के सभापति गुप्ता कांग्रेस खुदे बरियार पार्टी भईला से पर्सा मे दोसर के साथ जरुरी ना भईल बतवनी ।

एहितरे सरकार मे रहल दलसब से मिलके चुनाव लडेके कि ना लडेके कहके नगर कार्य समिति वीरगंज महानगर के ३२ गो वार्ड के बुथ सभापति के राय सुझाव लेहले रहे ।

३२ गो वार्ड से गठबन्धन मे चुनाव लडेके कहके सुझाव ना आईल महानगर सभापति मनिन्द्रलाल श्रेष्ठ से निकालल विज्ञप्ति मे उल्लेख बा ।

गठबन्धन के चर्चा से उलटे कार्यकर्ता मे निराशा छावल कांग्रेस महानगर समिति सभापति श्रेष्ठ बतवनी ।

माकिर कांग्रेस पर्सा के उपसभापति रामनारायण कुर्मी पार्टी से करेवाला निर्णय सभी मानेके कहत कउनो भी नेता पार्टी के निर्देशन विपरीत ना जाएमे खुद विश्वस्त रहल बतवनी । गठबन्धन ना मानेके कहके पार्टी के कुछ नेतालोग से निकालल विज्ञप्ति भावनात्मक भईल उ बतवनी ।

‘स्थानीय तह के चुनाव ह, ५ बरीस से चुनाव लडेके कहके तईयारी कईले बाडन । भावनात्मक हिसाब से उलोग आपन बात रखले बाडन । आपन विचार राखेके अधिकार उलोग के बा’, कहत उ, ‘अन्त्य मे पार्टी केन्द्र से जउन निर्णय करी, जईसन निर्देशन दि मानला के विकल्प नईखे ।’

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।