बारा के दशगजा क्षेत्र से तस्करी के दवाई पकडाईल

बारा के दशगजा क्षेत्र से तस्करी के दवाई पकडाईल

प्रभु यादव

बारा २९ चईत
भारत से तस्करी करके लिया रहल दवाई बारा के सीमा नाका से पुलीस बरामद कईले बा । बारा के सुवर्ण गाँवपालिका वार्ड नम्बर ३ कबहीस्थित नेपाल–भारत के दशगजा क्षेत्र से पुलीस ५५ हजार रोपेया मुल्य के दवाई बरामद कईले बा ।
बुध के रात ईलाका प्रहरी कार्यालय कबही से खटल पुलीस टोली मुडि पर बोरा लाद के भारत से आ रहल तस्कर के रोकेके खोजला पर उ आदमी बिगके भागल रहलन ।
उ बोरा खोलके देखला पर ओमे अनेकन किसिम के दवाई बरामद कईल आ ओकर बजार मूल्य ५५ हजार रोपेया मुल्यांकन कईल बारा के प्रहरी प्रवक्ता प्रहरी नायब उपरक्षिक दधिराम न्यौपाने जानकारी देहनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।