सिकाईत करे गईल सेवाग्राही के वार्ड अध्यक्ष बान्हके पिटलें
सिकाईत करे गईल सेवाग्राही के वार्ड अध्यक्ष बान्हके पिटलें

वीरगंज ३० चईत
पर्सा के जगरनाथपुर–२ लक्ष्मीपुर मे वार्ड अध्यक्ष हि गाँव के एक जने स्थानीय के गाछि मे बान्हके पिटपाट कईल घटना सार्वजनिक भईल बा । सिकाईत लेके वार्ड अध्यक्ष के घर मे पुगल अमिर मियाँ गदी के वार्ड अध्यक्ष नेपाली प्रसाद कुशवाहा आ उनकर पक्षधरलोग गाछि मे बान्हके पिटल घटना सार्वजनिक भईल बा ।
पुलीस के मुताविक, रास्ता विस्तार के समय मे आपन घर के कुछ भाग तुरला के बाद उ बारेमे सिकाईत करे खातिर शुक के सबेरे मियाँ वार्ड अध्यक्ष कुशवाहा के घर गईल रहलन । दोसर के घर ना तुरेके, हमर घर मात्र तुरल कहत मियाँ वार्ड अध्यक्ष कुशवाहा से विवाद करत झगडा कईला के बाद वार्ड अध्यक्ष कुशवाहा आ उनकर पक्षधर सात जने मिलके मियाँ के गाछि मे बान्ह के पिटल स्थानीय बतवले बाडन ।
माकिर वार्ड अध्यक्ष पक्ष केलोग मियाँ वार्ड अध्यक्ष कुशवाहा के गारी देत कालर पकडला के बाद वार्ड अध्यक्ष के पडोसीलोग मियाँ के नियन्त्रण मे लेके गाछि मे बान्हके कुछ देर इलाका प्रहरी कार्यालय जानकी टोल के जिम्मा लगावल बतवले बाडन ।
वार्ड अध्यक्ष से पिटाईल मियाँ हमरा के पिटेवाला वार्ड अध्यक्ष कुशवाहा सहित ८ जने विरुद्ध कारबाही के माग करत इलाका प्रहरी कार्यालय जानकीटोला मे लिखित उजुरी देहले रहलन । उ उजुरी मे वार्ड अध्यक्ष कुशवाहा, रमेश कुशवाहा, महेन्द्र कुशवाहा, हफिज मियाँ गदी, रामु कुशवाहा, रुपेश कुशवाहा, अनिल कुशवाहा आ सुरेश कुशवाहा हमरा के गाछि मे बान्हके पिटल आरोप लगावल गईल बा ।
मियाँ के उजुरी के बाद इलाका प्रहरी कार्यालय पोखरिया के प्रहरी निरीक्षक मोहनविक्रम केसी दुनु पक्ष के जानकी टोल के प्रहरी कार्यालय से पोखरिया के प्रहरी कार्यालय मे बोलवईले रहलन ।
पुलीस कार्यालय मे भईल दु पक्ष बीच के छलफल मे पीडित कहल गईल मियाँ आरोपित कहल गईललोग विरुद्ध कानुनी कारबाही प्रकृया मे अगाडि बढेके अडान लेहलन । ओकरा बाद पुलीस वार्ड अध्यक्ष कुशवाहा सहित आरोपित सभी जने के शुक के दिने जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा मे लेजाके बुझावल प्रहरी निरीक्षक केसी जानकारी देहनी ।






