वीरगंज मे रु एक करोड ६६ लाख से बेसी राजस्व सङ्कलन

वीरगंज मे रु एक करोड ६६ लाख से बेसी राजस्व सङ्कलन

वीरगंज ०२ बैशाख

राजस्व अनुसन्धान कार्यालय पथलैया बारा चालु आर्थिक बरीस २०८०÷८१ के आठ महिना मे रु एक करोड ६६ लाख से बेसी राजस्व सङ्कलन कईले बा । राजस्व छलि के आशङ्का मे अनेकन जिल्ला के प्रहरी कार्यालय तथा निकाय से नियन्त्रण मे लेके बुझावल गईल सवारीसाधन तथा फार्म उपर कारबाही करके कार्यालय चालु अव के फागुन मसान्त तक मे उ बराबर के राजस्व सङ्कलन कईले बा ।
कार्यालय के सूचना अधिकारी प्रमोदकुमार चौधरी के मुताविक नेपाल प्रहरी आ सशस्त्र प्रहरी अन्तर्गत के अनेकन कार्यालय से नियन्त्रण मे लेके कारबाही के खातिर उ समय मे बुझावल गईल तीन सय चार फार्म तथा सवारीसाधन उपर कारबाही करके राजस्व सङ्कलन कईल बा ।
उ समय मे जिल्ला प्रहरी कार्यालय बारा भा अन्तर्गत के कार्यालय से बुझावल गईल एक सय ७२ फार्म तथा सवारी साधन उपर कईल कारबाही से सबसे बेसी रु ५९ लाख १६ हजार ५० राजस्व सङ्कलन भईल सूचना अधिकारी चौधरी जानकारी देहनी ।
जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा भा अन्तर्गत के कार्यालय से कारबाही के खातिर आईल फार्म तथा सवारीसाधन से रु २९ लाख ५६ हजार पाँच सय ६०, मकवानपुर भा अन्तर्गत के कार्यालय से रु १८ लाख ७९ हजार आठ सय ४८, जिल्ला प्रहरी कार्यालय धनुषा आ सर्लाही से नियन्त्रण मे लेहल दु÷दु गो सवारी साधन से रु ७५ हजार राजस्व सङ्कलन भईल सूचना अधिकारी चौधरी जानकारी देहनी ।
सशस्त्र प्रहरी बल पर्सा भा अन्तर्गत से आईल १९ गो सवारी साधन से रु ३७ लाख ८० हजार, बारा भा अन्तर्गत से नियन्त्रण मे लेहल ११ सवारीसाधन से रु १५ लाख सात हजार छ सय ७२, मकवानपुर से आईल १५ गो सवारीसाधन तथा फार्म से रु दु लाख आ सशस्त्र प्रहरी बल धनुषा भा अन्तर्गत से मिलल दु सवारीसाधन से रु ५० हजार राजस्व सङ्कलन भईल उनकर कहनाम बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।