मधेश के मुख्यमन्त्री यादव के मिलल चउथका बेर मिलल विश्वास के मत
मधेश के मुख्यमन्त्री यादव के मिलल चउथका बेर मिलल विश्वास के मत

धनुषा ४ बैशाख
मधेश प्रदेश के मुख्यमन्त्री सरोजकुमार यादव के चउथका बेर विश्वास के मत मिलल बा । मंगर के दिने मुख्यमन्त्री यादव कांग्रेस, जनमत आ लोसपा के बहिष्कारबीच विश्वास के मत मिलल बा । मुख्यमन्त्री यादव के पक्ष मे ६१ मत प्राप्त भईल बा ।
सुरु मे बईठक मे सभी दल भईला पर भी कांग्रेस, जनमत आ लोसपा बाहर निकलला के बाद ६१ जने सांसद उपस्थित रहलन । उपस्थित सभी सांसद मुख्यमन्त्री यादव के मत देहले बाडन ।
१ सय ७ प्रदेश सांसद रहल मधेश प्रदेशसभा मे मुख्यमन्त्री यादव के विश्वास के मत के खातिर ५४ जने के समर्थन जरुरी परल । सत्ता गठबन्धन मे रहल जनता समाजवादी पार्टी (जसपा), नेकपा एमाले, माओवादी केन्द्र, नेकपा एस रहल बा । गठबन्धन बाहर रहल लोकतान्त्रिक समाजवादी पार्टी (लोसपा) सरकार से आजु बाहर निकलल बा ।
प्रदेशसभा मे एमाले के सभामुख बाहेक २४, जसपा के १९, माओवादी के ९ आ नेकपा एस के ७ सांसद बाडन । एहितरे राप्रपा, नागरिक उन्मुक्ति आ संघीय समाजवादी के १÷१ सांसद बाडन ।
एहितरे कांग्रेस के २२, जनमत के १३ आ लोसपा के ९ सांसद बाडन । लोसपा के ९ सांसद भईला पर भी एक जने सांसद अभिराम शर्मा फरार सूची मे रहल बाडन ।






