निशा कुमारी के हत्या कईल आरोप, आरोपित के पकडेमे पुलीस आनाकानी कर रहल
निशा कुमारी के हत्या कईल आरोप, आरोपित के पकडेमे पुलीस आनाकानी कर रहल

वीरगंज ०४ बैशाख
पर्सा जिल्ला के सखुवा प्रसौनी गाँवपालिका वार्ड नम्बर २ जमुनिया के चन्द्रावती देवी के छोट बेटी नीशा कुमारी गोढ के उनकर मरद सहित पिटपाट करके मारल आरोप माइती पक्ष लगवले बा । घटना मे संलग्न के पकडके कारबाही के माग करत बितल शनिचर के दिने जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा मे माइती पक्ष जोहेरी भी देहले बा । माकिर, पुलीस उलोग के अभी तक भी ना पकडला के बाद माइती पक्ष मंगर के दिने वीरगंज मे पत्रकार सम्मेलन करके पुलीस उपर आपन आक्रोश जनवले बाडन ।
जमुनिया के हिरा साह गोढ के छोट बेटी नीशा के चार बरीस पहिले पर्सा के बहुदरमाइ नगरपालिका वार्ड नम्बर ३ नगरदाहा के स्व. सिंघासन साह गोढ के बेटा मुन्ना कहेवाला इनरजीत साह गोढ से हिन्दु परम्परा मुताविक मागी वियाह भईल रहे ।
वियाह के चार बरीस ना बितत निशा के उनकर मरद मुन्ना आ उनकर परिवार के सदस्य मिलके बितल शनिचर के दिने निर्घात पिटपाट करके हत्या कईल पत्रकार सम्मेलन मे निशा के माई चन्द्रावती देवी आरोप लगवनी । उ कहनी, ‘वियाह भईला १ बरीस एने से हि दामाद आ उनकर परिवार निशा के पिटपाट करत यातना देत आईल रहलन । दामाद दोसर लईकी के सँगे लागल रहलन । उहे चलते छुटकारा पावे खातिर शनिचर के दिने हमर बेटी के उलोग पिटके मुआ देलन ।’
माई चन्द्रावती के मुताविक, निशा तीन महिना के गर्भवती रहली । स्वास्थ्य संस्था मे जाके चेकजाँच करावे खातिर निशा आपन मरद मुन्ना के कहला पर पईसा नईखे कहके बहाना बनाके उलटे यतना देहल दुःख बितल शनिचर के सबेरे ७ बजे फुन करके माई चन्द्रावती के सुनवले रहली ।
उहे दिन सबेरे साढे ११ बजे ओरी नारायणी अस्पताल से एक आफन्त निशा के भाइ राजकुमार के फुन करके निशा अस्पताल मे भर्ना रहल खरब सुनवलें । उ खबर मिलला के बाद निशाा के भईया राजकपुर अस्पताल मे पुगला पर बहिन मरल अवस्था मे रहली । उनकर मुह आ बाँह आ पेट ओरी पिटल करिया चिन्हा रहे राजकपुर पत्रकार सम्मेलन मे कहलन ।
अस्पताल मे बहिन निशा के पोष्टमार्टम के बाद लास उनकर मरद मुन्ना सहित के परिवार बुझके उहे दिने जलदी जलदी मे दाहसंस्कार कईल राजकपुर बतवलन ।
निशा के हत्या मे संलग्न उनकर मरद मुन्ना आ बाबा मान्सी साह गोढ विरुद्ध बितल शनिचर के दिने जिल्ला प्रहरी कार्यालय मे जाहेरी देहल बाबु हिरा बतवनी । ‘माकिर हमर बेटी के मारेवाला के पुलीस अभी भी पकडले नईखे । उलोग घरमे बाडन । खुलेयाम घुम रहल बाडन । ई देखला पर आउर दुःख थपाईल बा’ हिरा बतवनी ।
चार बरीस पहिले नगद आठ लाख आ मोटरसाइकल लगायतका सरसामान दहेज मे देके धुमधाम के साथ वियाह करके पठावल बेटी के अभी अकाल मे ज्यान गईला पर मन रोवता कहके बतवनी ।
एने जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा के प्रवक्ता प्रहरी नायब उपरीक्षक कुमार विक्रम थापा पोष्टमार्ट के रिपोर्ट अईला के बाद उहे मुताविक घटना के सम्बन्ध मे पुलीस अगाडि बढेके बतवनी । उ, ‘लास के अवस्था देखला पर देह मे चोटपटक लागल, घाव भा ओईसन कुछो ना देखल गईल । पोष्टमार्ट के रिपोर्ट अईला के बाद मात्र मृत्यु के यकिन कारण खुली । उहे चलते पुलीस पोष्टमार्टम के रिपोर्ट ईन्तजार मे बा । रिपोर्ट आवेमे अभी हप्ता दश दिन तक लाग सकता’ कहके बतवनी ।






