कोभिड–१९ विरुद्ध मे विश्व एकता के प्रभावकारी बनावेके पडि : मन्त्री ढकाल

काठमाण्डु ६ जेठ,
स्वास्थ्य तथा जनसङ्ख्या मन्त्री भानुभक्त ढकाल कोरोना भाइरस (कोभिड–१९)के विरूद्ध के विश्व एकता के आउर प्रभावकारी बनावत लेजाए के बतवनी ।
विश्व स्वास्थ्य सङ्गठन(डब्लुएचओ) के ७३ वाँ विश्व स्वास्थ्य महासभा के बितल रात भिडियोमार्फत सम्बोधन करत उ सर्वव्यापी स्वास्थ्य सुरक्षा के खातिर सङ्गठन के सदस्य राष्ट्रसब आउर एकताबद्ध होके प्रयास करेके जरुरत रहल बतवनी ।
कोभिड नियन्त्रणमा डब्लुएचओ लगायत अनेकन राष्ट्रिय तथा अन्तर्राष्ट्रिय सरोकारवाला निकाय के भूमिका सराहनीय रहल कहत उ विश्व मानव समुदाय के स्वास्थ्य रक्षा करे खातिर एकरा से खेलल ऐतिहासिक भूमिका के फेनु पुष्टि भईल उल्लेख कइनी ।
उ कोभिड–१९ महामारी के चुनौती के संयुक्तरूप मे सामना करे खातिर विश्व समुदाय समक्ष भी निहोरा कइनी ।
“स्वास्थ्य विकास के एक प्रमुख आधार ह । निःसन्देह हि स्वास्थ्य मे करेवाला लगानी के महत्व आ जरुरत के ई महामारी से आउर पुष्टि कईले बा”, उ सम्बोधन मे कहनी कि, “ई महामारी से सबल आ सक्षम स्वास्थ्य प्रणाली के जरुरत आ स्वास्थ्य सामान के आन्तरिक उत्पादन के महत्व के भी उजागर कईले बा ।
ओहिसे हमनी समग्र प्रयास के सघन बनावे खातिर सभी के सहजोग के अपेक्षा रखले बानी ।”
उ कोभिड–१९ के विश्वव्यापी महामारी के सन्दर्भ मे हमनी बहुते कठिन घडी से गुजररहल बहुते जोखिम आ अनिश्चितता रहल बतवनी ।
मन्त्री ढकाल कोभिड–१९ से अभी तक नेपाल मे दु जने के ज्यान गईल बा आ सङ्क्रमित के सङ्ख्या कुछ दिन एने बढ रहल उल्लेख करत नेपाल के खातिर आवेवाला दिनसब आउर चुनौतीपूर्ण होखे सकेके बिचार रखनी ।
नेपाल महामारी के शुरुआत से हि उच्च राजनीतिक प्रतिबद्धता के साथ बहुपक्षीय संयन्त्रमार्फत ई विपद् के प्रतिकार्य करत आईल कहत उ नेपाल मे सङ्घीय प्रणाली संस्थागत होत जारहल अवस्था मे कोभिड के नियन्त्रण आ रोकथाम मे तीनु तह से कईल संयुक्त प्रयाससब सराहनीय भईल बतवनी ।
मन्त्री ढकाल विश्वभर महामारीविरूद्ध अग्रपङ्ति मे रह के निरन्तर खट रहल सभी स्वास्थ्यकर्मी उपर आभार व्यक्त कईले बानी ।
“कोभिड लगायत अईसन सङ्क्रामक बेमारी के कउनो सिमाना ना होखी आ एकरा से कउनो रङ्ग, समूह आ वर्गबीच विभेद करतन”, कहत उ, “ओहिसे सभी के स्वास्थ्य के अधिकार सुनिश्चित कईल हमनी सभी के साझा दायित्व ह ।”






