बारा मे पुलीस के भुलाईल पेस्तोल अभी तक ना मिलल

बारा मे पुलीस के भुलाईल पेस्तोल अभी तक ना मिलल

बारा १२ बैशाख

इलाका प्रहरी कार्यालय अमलेखगञ्ज बारा के वरिष्ठ सई पूर्ण बिसी से राखल समय भुलाईल पेस्तोल अभी तक मिलल नईखे ।
सोमार के रात अपरेसन मे गईला पर भुलाईल पेस्तोल बुध तक मिलल नईखे । अपरेसन मे गईल जगहा मे लगातार खोजी जारी राखला पर भी पेस्तोल ना मिलल जिल्ला प्रहरी कार्यालय बारा के डीएसपी तथा प्रवक्ता दधिराम न्यौपाने बतवनी । ‘निरन्तर खोजि हो रहल बा । माकिर अभी तक मिलल नईखे’ डीएसपी न्यौपाने बतवनी ।
सोमार के रात गाँजा तस्करी हो रहल सूचना मिलला के बाद वरिष्ठ सई बिसी के टोली अपरेसन मे खटल रहे । उ समय मे आदमी पकडईला पर भी गाँजा ना मिलल रहे ।
गाँजा ना मिलल कहत फिर्ता आईल प्रहरी टोली कार्यालय मे अईला के बाद पेस्तोल भुलाईल कहत फेनु खोजी के खातिर गईल रहे । उ समय मे गाँजा मिलल माकिर पेस्तोल ना मिलल डीएसपी न्यौपाने के कहनाम बा ।
‘भुलाते मातर रात से हि पेस्तोल के खोजी हो रहल बा । उ समय मे १२ किलो गाँजा मिलल ।’ डीएसपी न्यौपाने कहनी, पेस्तोल मे १० राउण्ड गोली लोड भईल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।