बियाह के भोज होरहल घर मे आगलागी

बियाह के भोज होरहल घर मे आगलागी

मलंगवा १३ बैशाख

सर्लाही के हरिपूर्वा नगरपालिका–५ धोबियाही टोल मे आगलागी भईला पर ५ घर जरके राखी भईल बा । फुहर जरावे खातिर बारल घुर से आगलागी भईला पर शिवधारी यादव, गिरधारी यादव, सेतन बैठा आ सुरेश बैठा के काठ के घर पूर्णरुप मे जरके नोक्सान भईल बा ।
एहितरे किशोरी बैठा के पशुचौपाया बान्हेवाला घारी भी पूर्णरुप मे जरल बा । ३ घर मे आंशिक क्षति भईल स्थानीयबासी जानकारी देहले बाडन ।
आगी के स्थानीयवासी, पुलीस, सशस्त्र प्रहरी, हरिवन नगरपालिका के बारुण यन्त्र आ महोत्तरी जिल्ला सम्सी गाँवपालिका से आईल बारुणयन्त्र के सहजोग मे नियन्त्रण मे लेहल गईल बा । महोत्तरी के रामगोपालपुर से आईल बारुणयन्त्र रास्ता पातर भईला के चलते घटनास्थल तक पुगे ना सकल ।
सेतन बैठा के बेटी के आजु बियाह रहे । बियाह के भोज हो रहल समय घर मे आगलागी भईल स्थानीय बतवले बाडन । बियाह के घर मे पूर्णरुप मे क्षति भईला के बाद बियाह कईसे होखेके उ समस्या आइल बा । तेजी मे हावा चलला के चलते आगी के नियन्त्रण करेमे समस्या भईल रहे । कुछ दिन पहिले मात्र सर्लाही के चक्रघट्टा गाँवपालिका आ बसबरिया गाँवपालिका मे आगलागी भईल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।