रेलमार्ग के अनुगमन करे खातिर यातायातमन्त्री जनकपुर मे

जनकपुरधाम ३० फागुन,
सरकार रेल सञ्चालन के खातिर विदेशी जनशक्ति के लियावेवाला बा । रेल सञ्चालन के खातिर जनशक्ति आह्वान कईला पर भी नेपाली नागरिक से दरखास्त ना पडला के बाद विदेशी जनशक्ति लियावे के तइयारी कईल भौतिक पूर्वाधार तथा यातायातमन्त्री बसन्तकुमार नेम्वाङ बतवनी ।
जनकपुरस्थित रेल्वे स्टेशन आ लिक के शुक के दिने अनुगमन करत मन्त्री नेम्वाङ ६० से ६५ जने के दरबन्दी तइयार कईला पर भी नेपाली से दरखास्त ना पडल बतवनी । “हमनी के उद्देश्य हि नेपाली के काम मे लगावे के रहल” कहत उ, “माकिर नेपाली उम्मेदवारी ना देहला के बाद अब विदेशी के हि लिया के रेल सञ्चालन कईल जाई ।”
कानुनी प्रक्रिया पूरा करके विदेशी के करार मे भर्ना करेके उ बतवनी । मन्त्री नेम्वाङ रेल सञ्चालन के खातिर जरुरी सभी तइयारी पूरा करके मिति तोकेके बतवनी ।
लिक निर्माण देखे खातिर आ एकर व्यवस्थापन करे खातिर हि खुद आईल बतावत उ जलदी रेल सञ्चालन मे आवेके विश्वास दिलईनी । उ एगो रेल बनल आ दोसर कुछ महिना भितर निर्माण होखेके बतावत पूरा तइयारी होखेमे कुछ समय लागेके बतवनी ।






