पत्रकारिता क्षेत्र के विकास करेके प्रतिबद्धता
पत्रकारिता क्षेत्र के विकास करेके प्रतिबद्धता

जनकपुर, १३ वैशाख
मधेस–प्रदेश के गृह, सञ्चार तथा कानुनमन्त्री राजकुमार लेखी पत्रकारिता क्षेत्र के दिगो विकास तथा संरक्षण के खातिर मधेस–प्रदेश सरकार योजनाबद्ध तरिका से अगाडि बढेके बतवनी ।
सञ्चारिका समूह नेपालद्वारा आजु जनकपुर मे आयोजना कईल नेपाल मे जनानी पत्रकारलोग के ‘नेतृत्व क्षमता विकास’ विषयक दु दिने कार्यशाला गोष्ठी के उद्घाटन करत उ विचार व्यक्त कईले रहनी । मन्त्री लेखी लोकतन्त्र तथा सञ्चार क्षेत्र एक सिक्का के दु पाटा रहल उल्लेख करत लोकतन्त्र मे पत्रकारिता के व्यवस्थित, मर्यादित आ प्रभावकारी बनावेके जरुरी बा कहनी ।
सञ्चार क्षेत्र मे काम करेवाला पत्रकार आ सञ्चार संस्था के संस्थागत विकास के खातिर एक हप्ता भितर मधेस–प्रदेश सरकार से बजेट, तालिम, सूचना आ सुरक्षा के कार्जक्रम लियावे के प्रतिबद्धता भी व्यक्त कईनी । “हम मन्त्री भईला बहुते दिन भईल नईखे, सभी बात बुझत सञ्चारक्षेत्र के विकास मे लागेम”, उ कहनी ।
गोष्ठी मे मन्त्रालय के राज्यमन्त्री शारदा थापा देश मे सामाज के विकास तथा सुशासन कायम करे खातिर पत्रकारिता क्षेत्र के भूमिका सराहनीय रहल उल्लेख करत पत्रकारिता क्षेत्र के विकास मे सरकार के हरेक क्षेत्र से सहजोग पुगावेके निहोरा कईनी ।
सञ्चारिका समूह नेपाल के अध्यक्ष विमला तुम्ख्वा के सभापतित्व मे भईल उ कार्जक्रम मे आसञ्चार प्राधिकरण के अध्यक्ष श्यामसुन्दर यादव आ पत्रकार महासङ्घ धनुषा के अध्यक्ष मोनिका झा भी पत्रकार के समस्याबारे आपन आपन विचार व्यक्त कईले रहनी ।






