सवारी दुर्घटना मे एक युवक के मृत्यु, तीन जने घायल

सवारी दुर्घटना मे एक युवक के मृत्यु, तीन जने घायल

वीरगंज १३ बैशाख

वीरगंज मे बियफे के सबेरे तेजी मे चला रहल दु गो मोटरसाइकल एकआपस मे ठोकईला पर भईल दुर्घटना मे एक युवक के मृत्यु भईल बा । मृत्यु होखेवाला मे वीरगंज महानगरपालिका वार्ड नम्बर २५ मौजे सिर्सिया के २५ बरीस के अर्जुन पटेल रहल बाडन ।
वीरगंज महानगरपालिका वार्ड नम्बर २५ मौजे सिर्सिया मे बियफे के सबेरे सिर्सिया से ड्राइपोर्ट ओरी जा रहल ना १८ प ९८१६ नम्बर के मोटरसाइकल आ उलटा रास्ता से आ रहल ना ३१ प ३८३५ नम्बर के मोटरसाइकल आपस मे ठोकईला पर ना ३१ प ३८३५ नम्बर के मोटरसाइकल के चालक पटेल के मृत्यु भईल बा ।
दुर्घटना मे गम्भीर घायल भईल पटेल के वीरगंज हेल्थकेयर हस्पिटल मे ईलाज के समय मे मृत्यु भईल पर्सा के प्रहरी प्रवक्ता प्रहरी नायब उपरीक्षक कुमार विक्रम थापा बतवनी ।
उ दुर्घटना मे ना १८ प ९८१६ नम्बर के मोटरसाइकल के चालक मौजे सिर्सिया के १५ बरीस के कन्हैया चर्तुवेदी, २० बरीस के आकाश पटेल आ १५ बरीस के सामा पटेल घायल भईल बाडन । घायल तीन जने के अस्पताल मे ईलाज हो रहल आ उलोग के अवस्था खतरामुक्त रहल प्रहरी नायब उपरीक्षक थापा बतवनी । दुर्घटना मे परल दुनु मोटरसाइकल पुलीस नियन्त्रण मे लेके अनुसनधान कर रहल उ बतवनी ।
बारा मे ट्रक के ठोकर से एक पैदलयात्री के मृत्यु
बारा के जीतपुरसिमरा उपमहानगरपालिका–१ आधाभार जंगल मे ट्रक ठोकर देहला पर एक पैदल यात्री के मृत्यु भईल बा ।
बुध के दिने झापा से भैरहवा ओरी जा रहल प्र.२–०३–००१ ख ४१७४ नम्बर के ट्रक पथलैया आ अमलेखगन्ज बिच के आधाभार जंगल स्थित सडक मे ठोकर मारला पर पैदलयात्री अन्दाजी २५÷२६ बरीस के युवक के मृत्यु भईल बा ।
ट्रक के ठोकर से गम्भीर घायल भईल उनका के ईलाज के खातिर कलैया स्थित प्रादेशिक अस्पताल मे पुगईला पर चिकित्सक मृत घोषित कईल बारा के प्रहरी प्रवक्ता प्रहरी नायब उपरीक्षक दधिराम न्यौपाने जानकारी देहनी ।
मृतक युवक के बियफे के दिन तक भी सनाखत होखे सकल नईखे । लास कलैया स्थित प्रादेशीक अस्पताल मे राखल बा । ठोकर मारेवाला ट्रक आ ओकर चालक के पुलीस नियन्त्रण मे लेहल न्यौपाने बतवनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Check Also

Close
Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।