हजारो के सहभागिता मे वीरगंज मे भव्य शोभा यात्रा निकलल
हजारो के सहभागिता मे वीरगंज मे भव्य शोभा यात्रा निकलल

वीरगंज १५ बैशाख
श्री हनुमान जन्मोत्सव के अवसर मे वीरगंज मे भव्य रुपमे शोभा यात्रा निकलल बा । बिश्व हिन्दु परिषद संघ के आयोजना मे शनिचर के दिने निकलल सोभा यात्रा भव्य एवं सभ्य रुपमे पुरा भईल बा ।
वीरगंज के घण्टाघर से सुरु भईल शोभा यात्रा माइस्थान, आदर्शनगर, अलखियामठ, विर्ता छपकैया होत घण्टाघर मे पुगके समापन भईल रहे । वीरगंज के अनेकन जगहा से ढोलबाजा आ झाकी सहित निकलल शोभा यात्रा घण्टाघर मे एकजुट होके नगरपरिक्रमा कईले रहे । शोभा यात्रा मे हजारो के संख्या मे हिन्दु धर्मावलम्बी लोग के सहभागिता रहल रहे । शोभा यात्रा के समय मे होखे सकेवाला सम्भावित घटना के मध्यनजर करके बहुते संख्या मे नेपाल प्रहरी तथा सशस्त्र प्रहरी खटल रहलन । पर्सा प्रहरी प्रमुख प्रहरी उपरिक्षक कुमोध ढुंगेल नेतृत्व मे सयो के संख्या मे पुलीससब खटल रहलन ।
शोभा यात्रा के सहभागिलोग के स्थानियलोग अनेकन जगहा मे स्वागत कईला के साथे पानी आ सरबत के व्यवस्था कईले रहलन ।




