पाँच दिन भारी वर्षात के सम्भावना
काठमाण्डु १२ सावन
जल तथा मौसम विज्ञान विभाग आवेवाला पाँच दिन भारी वर्षात के सम्भावना रहल जनवले बा । विभाग आजु एक विज्ञप्ति जारी करके आजु से १६ गते तक मौसम सक्रिय होखेके जनवले बा ।
उहे समय मे अरब सागर से पर्याप्त जलवाष्पयुक्त हावा नेपाल आवेके बतावल गईल बा । आजु से मनसुन न्यूनचापीय रेखा नेपाल के तराई भूभाग लगे रहेवाला भईला से फेनु मनसुन सक्रिय होके पाँच दिन भारी वर्षात के सम्भावना रहल बा ।
मनसुन सक्रिय होके देश के अधिकाश जगहा मे हल्का से मध्यम वर्षात के साथे कुछ जगहा मे भारी वर्षात के सम्भावना रहल मौसम पूर्वानुमान महाशाखा जनवले बा ।
मनसुन सक्रिय भईला सँगे उ जगहा मे नदी मे पानी के बहाव बढेके आ पहाड मे भूक्षय होखेके, पहिरो जाएके, सडक तथा हवाई यातायात प्रभावित होखेके तथा ढल÷पानी के बढिया निकास ना भईल जगहा मे डुबान भी होखे सकेवाला भईला से महाशाखा जरुरी सतर्कता अपनावे खातिर निहोरा कईले बा ।





