नारायणी अस्पताल मे भर्ना रहल मरेजीलोग के फलफुल बाँटल गईल

नारायणी अस्पताल मे भर्ना रहल मरेजीलोग के फलफुल बाँटल गईल

वीरगंज १९ बैशाख

नेपाल औषधी तथा बिक्रि प्रतिनिधी संघ वीरगंज ईकाइ १३५ वाँ विश्व मजदुर दिवस अनेकन कार्जक्रम करके मनवले बा ।
सभी मजदुर तथा श्रमजीवी वर्ग के एकता, सङ्घर्ष आ बलिदान से आठ घण्टा काम, आठ घण्टा आराम आ आठ घण्टा मनोरञ्जन लगायत के हक अधिकार के स्मरण करावेके गौरवशाली दिन के रूप मे हरेक बरीस “मे १” के विश्वभर अन्तर्राष्ट्रिय मजदुर दिवस के रूप मे मनावल जाला ।
उ अवसर मे नेपाल औषधी तथा बिक्रि प्रतिनिधी संघ वीरगंज इकाई नारायणी अस्पताल मे उपचार्थ भर्ना भईल मरेजीलोग के फलफुल तथा जुस वितरण कईल जनावल गईल बा ।
संघ वीरगंज इकाई के अध्यक्ष राम गोशाई श्रमिकलोग के पेशागत मर्यादा आ सम्मान के प्रत्याभूति करावे के आ उलोग के हक, अधिकार स्थापित भईल दिन के रूप मे हरेक बरीस मे १ तारिख मे ई दिवस मनावल जाला कहके बतवनी । ई दिवस से आपन हक, हित, अधिकार तथा स्वतन्त्रता के रक्षार्थ विश्वभर के सभी श्रमजीवीलोग के एकता के सूत्र मे बाँधेमे सहजोग पुगेके विश्वास लेहल अध्यक्ष गोशाई बतवनी ।
अध्यक्ष गोशाइ के अध्यक्षता मे भईल उ कार्जक्रम मे संघ के केन्द्रिय उपाध्यक्ष मनोज साह, सचिव नरेश कुशवाहा, सदस्य राजकुमार चौधरी, वीरगंंज इकाई के गौतम कर्ण, धुर्व मानस, अमित कर्ण, रमेश गिरी, दिपेन्द्रलाल कलवार, सागर गुप्ता, विकास कुशवाहा, दिपेन यादव, नितेश पटेल, सुनिल भगत माली, अजित कुशवाहा, अनुराग गुप्ता, धर्मेन्द्र कुशवाहा लगायत के सहभागिता रहल रहे । उ कार्जक्रम के सहजीकरण संघ वीरगंज इकाई के सह–सचिव दिपेन्द्र साह कलवार कईले रहलन ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।