एसिडपीडित मुस्कान सहित के मुख्यमन्त्री राउत कईनी सम्मान

जनकपुरधाम २७ माघ,
प्रदेश २ के अस्थायी राजधानी जनकपुरधाम मे आजु से बेटी सम्मेलन शुरु भईल बा । प्रदेश के आठ गो जिल्ला के बेटीलोग के सहभागिता रहल बा ।
एसिडपीडित वीरगंज के मुस्कान खातुन सहित अनेकन क्षेत्र के अग्रणी नारी के सहभागिता रहल सम्मेलन उदघाटन के अवसर मे कुछ देर शून्यता छावल ।
सम्मेलन के उदघाटन करे आईल मुख्यमन्त्री लालबाबु राउत के आँख जब मुस्कान खातुन उपर पडल । तब स्तब्ध भईले । कुछ सेकेण्ड तक मुस्कान ओरी देखला पर भावुक अवस्था मे मुख्यमन्त्री पुछनी, “घाउ कहिया तक ठिक होखी कहके डाक्टर कहले बाडन ?”
डाक्टर तीन महिना के बाद छाला के फेनु सर्जरी करेके बतावल मुस्कान जानकारी करवनी ।
मुख्यमन्त्री पुछनी, “हमनी (प्रदेश सरकार) से देहल ५ लाख रोपेया मिलल ?” मुस्कान जवाफ देहनी कि मिलल ।
आयोजक मानव अधिकार के खातिर मूलधार जनानी सेवा केन्द्र उदयपुर मुस्कान के “बहादुर बेटी” के संज्ञा देत सम्मान करे खातिर बोलवले रहलन । १५ बरीस के मुस्कान के मुख्यमन्त्री राउत सम्मानपत्र प्रदान कइनी ।
वीरगंज महानगरपालिका ३ के मुस्कान उपर बितल भादो १९ गते दु जने युवा एसिड प्रहार कईले रहलन ।
मुस्कान त्रिभुवन मावि के किलास ९ मे अध्ययन करेके समय मे विद्यालय जा रहल समय उनका उपर एसिड प्रहार भईल रहे ।
जनानी के बडका पद तक पुगाएम ः मुख्यमन्त्री
मुख्यमन्त्री लालबाबु राउत जनानी के सुरक्षा के साथे जनानी के हकअधिकार के खातिर प्रदेश सरकार काम कर रहल बतवनी ।
उ जनानी बडका पद मे ना जाए तक जनानी के बात बुझे ना सकेके बतावत एकर तइयारी खुदसब कर रहल बतवनी ।
“जनानीलोग के सीडीओ, एसपी, डीएसपी पद मे पुगावे के हमनी के सोंच बा” मुख्यमन्त्री राउत कहनी कि, “जब तक जनानीलोग ई पद मे जइहन, तब तक जनानी के यथार्थ सशक्तिकरण होखे ना सकि ।”
उ प्रदेश मे भर्ना होखेवाला कर्मचारी के साथे पुलीस भर्ना मे भी ५० प्रतिशत जनानी के खातिर आरक्षण कईल बतवनी । उल्थाःअनलाईन






