नबिल बैंक से चोरी भईल कुछ रोपेया मिलल, दु भारतीय सहित चार जने पकडईलें
नबिल बैंक से चोरी भईल कुछ रोपेया मिलल, दु भारतीय सहित चार जने पकडईलें

वीरगंज १९ बैशाख
वीरगंज के नबिल बैंक के बाइपास शाखा से बितल एतवार के रात १ करोड ३४ लाख ६५ लाख चोरी भईल घटना मे संलग्न रहल समूह मेसे पुलीस दु भारतीय सहित चार जने के पकडले बा । एहितरे बैंक से चोरी भईल मेसे कुछ रोपेया भी मिलल बा ।
चोरी मे संलग्न रहल आशंका मे पुलीस रौतहट से दु जने नेपाली के पकडले बा आ भारत के घोडासहन से भी पुलीस दु जने के नियन्त्रण मे लेहले बा । चोरी मे संलग्न समूह के बाँकी एक जने अभी फरार रहल आ उनकर खोजी हो रहल पुलीस श्रोत जानकारी देहले बा ।
अभी तक पकडाएवाला मे रौतहट के मौलापुर नगरपालिका–७ पथरा बुधराम के सन्जय जयसवाल आ छोटेलाल जयसवाल रहल बाडन । एहितरे भारतीय पुलीस बिहार के पूर्वी चम्पारण जिल्ला के घोडासहन के मन्टु पासवान आ ललन कुमार के नियन्त्रण मे लेहले बा ।
सन्जय आ छोटेलाल के पुलीस रौतहट के मौलापुर से मंगर के सँझिया पकडले बा । उलोग दुनु जने रात्रीबस मे चढके काठमाण्डु जा रहल समय पुलीस बस घेराव करके नियन्त्रण मे लेहले रहे । उ दुनु जने अभी जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा के हिरासत मे बाडन ।
मन्टु आ ललन के भारतीय पुलीस घोडासहन से नियन्त्रण मे लेहले बा । उलोग अभी भारतीय प्रहरी के हिरासत मे बाडन । उलोग के नेपाल लियावे के प्रयास हो रहल जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा के श्रोत बतवले बा । घटना मे संलग्न दोसर एक भारतीय के भी खोजी हो रहल पुलीस श्रोत जानकारी देहले बा ।
बैंक मे चोरी करेसे पहिले चोरलोग के समूह बितल एतवार के दिने वीरगंज के नयाँ बसपार्कस्थित रानीपोखरी होटल मे छोटेलाल जयसवाल के नाम मे कोठरी बुक करके रहल पुलीस के अनुसन्धान के समय मे खुलल बा ।
जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा के प्रवक्ता प्रहरी नायब उपरीक्षक कुमार विक्रम थापा चोरी के घटना मे संलग्न रहल आशंका मे अभी तक दु जने नेपाली के मात्र नियन्त्रण मे लेहल बतवनी । भारत मे भी एक जने पकडाईल जानकारी भारतीय पुलीस से आईल माकिर ई बारेमे यकिन ना भईल उ बतवनी । थापा कहनी, ‘अभी तक हमनी दु जने नेपाली के मात्र नियन्त्रण मे लेहले बानी । अनुसन्धान प्रभावित होखेवाला भईला से उलोग के पहिचान सार्वजनिक करे ना मिली । ओने भारत मे भी एक जने के उहाँ के पुलीस नियन्त्रण मे लेहल कहके खबर बा ।’
बितल एतवार के रात नबिल बैंक के शाखा से चोरी भईल १ करोड ३४ लाख रोपेया मेसे कुछ रोपेया पुलीस के भारत मे मिलल बा । भारत के घोडासहन मे लुकाके राखल अवस्था मे उ रोपेया भारतीय पुलीस के मिलल बा । अनुसन्धान मे खटल एक प्रहरी अधिकृत कहनी, ‘चोरी भईल रोपेया ६ गो झोरा मे राखल अवस्था मे मिलल बा । मिलल रोपेया समाचार तईयार करे तक गिनेके काम हो रहल बा ।’
पर्सा के प्रहरी प्रवक्ता प्रहरी नायब उपरीक्षक थापा भी चोरी भईल रोपेया मेसे कुछ रोपेया मिलल पुष्टि कईनी । उ कहनी, ‘चोरी भईल रोपेया मेसे कुछ रोपेया भारत मे मिलल खबर भी आईल बा । केतना रोपेया मिलल बा ? कहाँ से कईसन अवस्था मे मिलल बा ? ई बारे मे विस्तृत विवरण आइल नईखे ।’रोपेया चोरी भईल नबिल बैंक के शाखा प्रबन्धक विजय पौडेल बैंक मे रात के समय मे सुरक्षा गार्ड ना राखके हमनीसब से चुक भईल बतवनी । बाइपास रोड मे रहल नबिल बैंक के शाखा से बितल एतवार के रात पाँच जने के संख्या मे रहल चोरसब के समूह मेन गेटमे ताला फोरके भितर घुसके टिन के बाक्सा मे रहल १ सय आ २० रोपेया करके १ करोड ३४ लाख ६५ हजार रोपेया बोरा मे डालके लेगईल बैंक के सीसीटीभी के फुटेज मे देखल गईल रहे । शाखा प्रबन्धक पौडेल के मुताविक बैंक के भल्ट भितर रहल लोहाके सेफ मे भी ५ करोड से बेसी रोपेया राखल रहे । माकिर चोरलोग टिन के बाकस मे रहल रोपेया मात्र चोरी करके लेगईल आ सेफ मे रहल रोपेया सेफ मे हि सुरक्षित अवस्था मे रहल रहे । उल्था अन्नपूर्ण






