एमाले पर्सा के अध्यक्ष मे शर्मा सर्वसम्मत, उपाध्यक्ष सहित के पदाधिकारी मे चुनाव होखी

एमाले पर्सा के अध्यक्ष मे शर्मा सर्वसम्मत, उपाध्यक्ष सहित के पदाधिकारी मे चुनाव होखी

वीरगंज २० बैशाख

नेकपा एमाले के पर्सा जिल्ला अध्यक्ष मे डाक्टर विश्वम्भर शर्मा सर्वसम्मत चयन भईल बाडन । वीरगंज मे पुरा भईल ९ वाँ जिल्ला अधिवेशन से अध्यक्ष मे शर्मा सर्वसम्मत चयन भईल बाडन ।
शर्मा एकरा से पहिले जिल्ला संयोजक रहलन । अध्यक्ष मे संविधानसभा सदस्य जयप्रकाश थारु भी दाबी करत अईला पर भी नेतालोग के प्रयास मे उ आपन दाबी फिर्ता लेहला के बाद अध्यक्ष मे शर्मा सर्वसम्मत चयन भईल बाडन ।
अध्यक्ष मे शर्मा सर्वसम्मत चयन भईला के बाद उपाध्यक्ष सहित चार पदाधिकारी के पद मे निर्वाचन होखेके भईल बा । एक उपाध्यक्ष, एक सचिव आ दु उपसचिव पद के शुक के दिने सबेरे मतदान होखेके प्रमुख निर्वाचन अधिकृत भोजराज ढकाल जानकारी देहनी ।
उपाध्यक्ष पद मे मनोज गुप्ता आ लालबाबु शेख, सचिव पद मे महेस दास आ नवराज शर्मा, उपसचिव(खुल्ला) मे रामिकिशोर सिंह पराग, नविजान मियाँ अन्सारी आ इमरान हुसेन तथा उपसचिव (महिला) मे सीतादेवी लामा आ गीता देवी भण्डारी के उम्मेदवारी परल बा । एहितरे जिल्ला के १४ गो पालिका मेसे वीरगंज महानगरपालिका सहित कुछ पालिका के सदस्य पद के खातिर भी शुक के दिने मतदान होखेके ढकाल जानकारी देहनी ।
एहितरे लेखा समिति के उपाध्यक्ष मे गोविन्द प्रताप श्रेष्ठ भी सर्वसम्मत चयन भईल बाडन । लेखा समिति के अध्यक्ष मे सन्तोष कुमार सिंह आ शिवजी गुप्ता के उम्मेदवारी परला से उ पद के खातिर भी चुनाव होखेके भईल बा ।
एमाले के ९ वाँ जिल्ला अधिवेशन बितल सोमार से सुरु भईल रहे । सोमार के दिने उदघाटन समारोह पुरा भईल अधिवेशन के बन्द सत्र मंगर के दिने बितला के बाद उहे दिन से नयाँ कार्य समिति चयन के खातिर निर्वाचन प्रकृया सुरु भईल रहे ।
सर्वसम्मति मे जिल्ला कार्य समिति चयन के खातिर नेतालोग निरन्तर प्रयास करत अईला मे बियफे के दिने अध्यक्ष पद मे मात्र सर्वसम्मत भईल बा । उपाध्यक्ष सहित बाँकी चार पद आ कुछ सदस्य पद मे एक से बेसी के दाबेदारी कायमे रहला के बाद उ पद मे सर्वसम्मत होखे ना सकला से शुक के दिने मतदान होखे लागल ढकाल बतवनी । शुक के दिने होखेवाला मतदान मे ५ सय ८४ जने मतदाता सहभागी होखेके ढकालले जानकारी देहनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।