नेपाल के विद्यार्थी के नोयडा ईन्टरनेश्नल युनिभर्सिटी मे विशेष छात्रवृति मिली : म्यानेजर मुकुल
नेपाल के विद्यार्थी के नोयडा ईन्टरनेश्नल युनिभर्सिटी मे विशेष छात्रवृति मिली : म्यानेजर मुकुल

वीरगंज २० बैशाख
भारत के उत्तर प्रदेश ग्रेटर नोयडा गौतमबुद्ध नगर स्थित नोयडा ईन्टरनेश्नल युनिभर्सिटी के अन्तर्राष्ट्रिय भर्ना म्यानेजर मुकेश कुमार मुकुल नेपाल के विद्यार्थीलोग के खातिर विशेष छात्रवृति के व्यवस्था कईल बतवले बानी ।
बुध के दिने वीरगंज मे युनिभर्सिटीद्धारा आयोजना कईल पत्रकार सम्मेलन मे मुकुल भारत के डिल्ली एनसिआर से एनएएसि ए प्लस के मान्यता प्राप्त ई युनिभर्सिटी मे नेपाल से पढे जाएवाला विद्यार्थीलोग के बिना कउनो शर्त राख के कोर्ष मे ५० प्रतिशत छात्रवृति देवेके बतवनी । ७५ ऐकड मे रहल उ युनिभर्सिटी मे विद्यार्थीलोग के कउनो स्वास्थ्य मे समस्या अईला पर ७५० बेड के सुविधा सम्पन्न अस्पताल भी रहल बतावत म्यानेजर मुकुल युनिभर्सिटी मे ६० से बेसी देश के विद्यार्थीलोग अनेकन कोर्षसब पढत आईल बतवनी ।
नेपाल से हरेक बरीस ४० से ५० विद्यार्थीलोग उ युनिभर्सिटी मे भर्ना होके पढत अईला मे अब जाएवाला विद्यार्थीलोग के बढिया सुविधा सहित के छात्रावास, पढाई के स्तर से लेके सभी सुविधासब स्तरिय रहल दाबी कईनी ।
उ युनिभर्सिटी मे बिटेक, एमटेक, डिप्लोमा, बिफार्मेसी, बिएसी एमएलटी, शिक्षा शास्त्र, व्यवस्थापन संकाय, नसिङ्ग, कम्प्यूटर साईन्स लगायत के कोर्षसब पढाई होखेला कहके बतवनी । उ युनिभर्सिटी नेपाल मे रहल त्रिभुवन युनिभर्सिटी लगायत के युनिभर्सिटीसब से समन्वय मे पढाई होखेवाला भईला से उहाँ के सर्टिफिकेट नेपाल मे मान्य रहल भी मुकुल बतवनी । उ युनिभर्सिटी मे पढके पास होखेवाला विद्यार्थीसब के भारत के उत्कृष्ट अस्पताल, कम्पनिसब मे नोकरी के खातिर सिफारिस करत आईल भी म्यानेजर मुकुल बतवनी ।






