किलास १२ के परीक्षा देवेवाला दु जने नक्कली परीक्षार्थी पकडईलें

किलास १२ के परीक्षा देवेवाला दु जने नक्कली परीक्षार्थी पकडईलें

प्रभु यादव

बारा २१ बैशाख

बारा मे किलास १२ के परीक्षा देरहल दु जने नक्कली परीक्षार्थी पकडाईल बाडन । पकडाएवाला मे बारा के देवताल गाँवपालिका घर भईल १७ बरीस के एक किशोरी आ देवताल –५ के ३० बरीस के किरण साह रहल बाडन ।
१७ बरीस के किशोरी के नाम पुलीस सार्वजनिक नईखे कईले । कलैयास्थित रामराजा बहुमुखी क्याम्पस के परीक्षा केन्द्र मे जारी किलास १२ के परीक्षा मे बियफे के दिने दोसर के प्रवेश पत्र मे आपन फोटो साट के नक्कली परीक्षार्थी बनके लेखा विषय के परीक्षा देरहल अवस्था मे दुनु जने के पकडल गईल जिल्ला प्रहरी कार्यालय बारा के प्रहरी प्रबक्ता प्रहरी नायब उपरीक्षक दधिराम न्यौपाने बतवनी ।
पकडाईल दुनु जने के शिक्षा ऐन २०२८ सम्बन्धी के कसुर मे बारा जिल्ला अदालत से चार दिन के म्याद थप करके अनुसन्धान हो रहल न्यौपाने बतवनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।