मधेश मे १० महिना मे १५.९६ प्रतिशत मात्र बजेट खर्च धनुषा २३ बैशाख,

मधेश मे १० महिना मे १५.९६ प्रतिशत मात्र बजेट खर्च धनुषा २३ बैशाख,

धनुषा २३ बैशाख

सत्ता गठबन्धन मे फेरबदल आ प्रशासनिक नेतृत्व भी बदल रहल मधेस प्रदेश मे आर्थक बरीस २०८०÷०८१ के १० महिना मे करिब १५.९६ प्रतिशत मात्र बजेट खर्च भईल बा । मन्त्रालयसब मे सचिव आ कर्मचारी भी पर्याप्त ना भईला पर प्रदेश सरकार के बजेट खर्च प्रभावित बनल बा ।
वैशाख २१ गते शुक तक मधेश प्रदेश मे कुल बजेट के १५.९६ प्रतिशत मात्र खर्च भईल मिलल बा । चालु ओरी १८ अरब ५४ करोड ५८ हजार बजेट मेसे ३ अरब ९९ करोड ७१ लख ७८ हजार ७२२ रोपेया अर्थात २१.५५ प्रतिशत आ पुँजीगत ओरी के २५ अरब ५७ करोड ४५ लाख ७४ हजार मेसे ३ अरब ४ करोड ४६ लाख १४ हजार ७०५ रोपेया अर्थात ११.९० प्रतिशत करके कुल १५.९६ प्रतिशत बजेट खर्च भईल प्रदेश लेखा नियन्त्रक कार्यालय मधेश प्रदेश के लेखा अधिकृत मनोज कुमार झा बतवनी ।
मधेश प्रदेश के मुख्यमन्त्री सरोज कुमार यादव नेतृत्व के सरकार १२ बेर विस्तार भइल । मन्त्रालय, मन्त्री बढला पर भी सरकार के कार्यशैली आ बजेट कार्यन्वन मे कउनो बदलाव भईल नईखे । आर्थिक बरीस के अन्तिम समय मे योजना वितरण, बजेट रकमान्तर करके काम कईला पर समय मे भुक्तानी ना होखेके समस्या मधेश मे बढत गईल बा ।
मधेस प्रदेश मे मुख्यमन्त्री आ प्रमुख सचिव के तालमेल मे भी समय समय मे समस्या आवेला । मन्त्री आ सचिवसब के समन्वय भी कमजोर रहल अधिकारीलोग बतावेलन । आर्थिक बरीस के २ महिना मात्र बाँकी रहला पर इहाँ के कुछ मन्त्रालायसब सचिव बिहीन भईला से निमित्त के भर मे चलल बा । कुछ छुटी मे रहल बाडन । मुख्यमन्त्री तथा मन्त्रिपरिषद के कार्यलय सहित १२ मन्त्रालय रहल मधेस प्रदेश मे ४ मन्त्रालय निमित सचिव के भर मे चलल बा । श्रम तथा यातायात मन्त्रालय के सचिव सुरेन्द्र पौडेल १० दिन के लम्हर छुटी मे बाडन । अर्थ मन्त्रालय के सचिव सुवाशचन्द्र शिवाकोटी भी छुटी मे बाडन । सचिव विहिन रहल मन्त्रालयसब खेलकुद तथा समाज कल्याण मन्त्रालय मे चुडामणि फुयाल आ शिक्षा तथा संस्कृति मन्त्रालय मे महेन्द्र महतो निमित के जिम्मेवारी मिलल बा । उद्योग वाणिज्य तथा पर्यटन मन्त्रालय मे निमित सुशिल कुमार साह आ भौतिक पुर्वाधार विकास मन्त्रालय के सचिव ना भईला से राजकुमार गोइत निमित सचिव बाडन । मन्त्री आ मन्त्रालय के जानकरी बिना हि कर्मचारी के सरुवा भईला पर ५० प्रतिशत बजेट भी कार्यन्वयन करे खातिर चुनौती रहल भौतिक पूर्वाधार विकासमन्त्री सरोज यादव बतवनी । आर्थिक बरीस के अन्तिम समय मे जोडबल करके बजेट खर्च कईला पर बजेट दुरुपयोग होखेके संभावना रहल उ बतवनी ।
’मन्त्रालय के योजनासब भद्रगोल अवस्था मे रहल आ आर्थिक बरीस के अन्तिम समय मे अचानक सचिव के सरुवा भइला पर कईसे कम अगाडी बढी,’ मन्त्री यादव कहनी, ‘मन्त्रालय के कर्मचारीलोग भी मन्त्री उपर सकारात्मक नईखन । कर्मचारी के सरुवा मुख्यमन्त्री कार्यालय आ सचिव के सरुवा संघिय सरकार से होखेवाला भईला पर उलोग मन्त्री उपर उतरदायी बने ना चाहेलन । कर्मचारी, मन्त्री आ सरकारबीच समन्वय ना भईला पर बजेट खर्च प्रभावित भईल बा ।’ प्रदेश के भविष्य विकास निर्माण, बजेट खर्च आ मन्त्रीलोग के गतिविधि से मजबुत होखी’, उ कहनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।