वीरगंज मे हुण्डी के १३ लाख रोपेया सहित युवक पकडईलें

वीरगंज मे हुण्डी के १३ लाख रोपेया सहित युवक पकडईलें

वीरगंज २५ बैशाख

वीरगंज से पुलीस हुण्डी कारोबारी के आशंका मे एक युवक के नगद १३ लाख रोपेया सहित पकडले बा । पकडाएवाला मे पर्सा के वीरगंज महानगरपालिका–२२ जगरनाथपुर के २८ बरीस के रविकुमार पटेल रहल बाडन । उनकर साथ से १३ लाख २५ हजार रोपेया बरामद कईल पुलीस जनवले बा ।
पुलीस के मुताविक विशेष सूचना के आधार मे खटल पुलीस टोली वीरगंज महनगरपालिका–१४ गण्डकस्थित सडक मे वीरगंज से परवानीपुर ओरी जा रहल प्रदेश २–०३ –०१० प ६७१९ नम्बर के मोटरसाइकल रोकके चेकजाँच कईले रहे । उ समय मे मोटरसाइकल मे सवार पटेल के साथ मे रहल झोरा से नेपाली १ हजार दर के नोट ८ सय ८९ थान, ५ सय दर के नोट ८ सय ५० थान आ १ सय दर के नोट १० थान करके कूल १३ लाख २५ हजार रोपेया मिलल आ उ रोपेया के श्रोत खुलावे ना सकला से रोपेया सहित पटेल के नियन्त्रण मे लेहल गईल प्रहरी नायब उपरीक्षक कुमार विक्रम थापा जानकारी देहनी ।
पटेल के साथ से अनेकन बैंक के खाली चेक ७ थान भी बरामद भईल उ बतवनी । पटेल के साथ से बरामद रोपेया हुण्डी के रहल कहत थापा पटेल के पुलीस हिरासत मे राखके उनका विरुद्ध बैंक तथा वित्तीय संस्था सम्बन्धी ऐन, २०७३ विरुद्ध के कसुर मे आउर अनुसन्धान हो रहल जानकारी देहनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।