सुत्केरी जनानी के पोषणयुक्त समान बाँटल गईल

सुत्केरी जनानी के पोषणयुक्त समान बाँटल गईल

वीरगंज २६ बैशाख

पर्सा के पटेर्वासुगौली गाँवपालिका सुत्केरी जनानी के पोषणयुक्त खाएवाला सामान बँटले बा ।
पालिका मे रहल बर्थिङ सेन्टर मे सुत्केरी करावल जनानीलोग के गाँवपालिका के कार्यालय घीव, मसुरी के दाल, चना, बोडी के बिया लगायत के सामान वितरण कईल बा । गाँवपालिका ‘उपाध्यक्ष सुत्केरी कोशेली वितरण कार्जक्रम’ बुध से सुरु कईल आ पहिलका दिन वार्ड नम्बर ४ के ३१ जने सुत्केरी जनानी के उ कोसेली वितरण कईल गाँवपालिका अध्यक्ष दिनेश चौधरी बतवनी ।
घ्यु आधा किलो, मसुरी के दाल २ किलो, चना १ किलो आ बोडी के बिया १ किलो के प्याकेट बनाके सुत्केरी जनानी के सुत्केरी शनेस के रूप मे वितरण करे लागल उ बतवनी । पटेर्वासुगौली गाँवपालिका मे वार्ड नम्बर २, ४ आ ५ मे करके कूल तीन गो बर्थिङ सेन्टर बा ।
उ बर्थिङ सेन्टर मे चालु आर्थिक बरीस मे पालिका के पाँच गो वार्ड के करके ३ सय ३० जने सुत्केरी करावल आ उलोग सभी के सुत्केरी शनेस वितरण करेके गाँवपालिका के उपाध्यक्ष ममता महतो बतवनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।