माईस्थान मे रहल एनसेल सेन्टर घण्टाघर आँखा अस्पताल गल्ली मे सञ्चालन
माईस्थान मे रहल एनसेल सेन्टर घण्टाघर आँखा अस्पताल गल्ली मे सञ्चालन

वीरगंज २७ बैशाख
एनसेल आजियाटा लिमिटेड टेलिफुन सेवा प्रदायक निजी कम्पनी एनसेल वीरगंज के आँखा अस्पताल गल्ली मे सञ्चालन मे आईल बा ।
एनसेल के कर्मचारी प्रमुख स्टेफेन रोड्रीगेज एनसेल सेन्टर के बियफे के दिने उदघाटन कईले बानी । एकरा से पहिले वीरगंज के माईस्थान चोक के दखिन ओरी रहल एनसेल सेन्टर अब आँखा अस्पताल गल्ली मे रहल सुविधासम्पन्न भवन मे नयाँ सेटअप सहित सञ्चालन मे आईल बा । उ सेन्टर मे पर्सा, बारा आ रौतहट करके तीन जिल्ला के खातिर एनसेल के क्षेत्रीय अफिस भी सञ्चालन मे लियावल कष्टमर एक्सपेरियन्स मेनेजर ज्योती दाहाल बतवनी ।
उनका मुताविक बियफे से औपचारिक रुप मे सञ्चालन मे लियावल नयाँ एनसेल सेन्टर से प्रिपेड बील भुक्तानी, नयाँ सिम वितरण, फोरजी सिम वितरण लगायत के सेवासब उपलब्ध रहल बतवनी । एनसेल के ग्राहक के फेस टू फेस सेवा देवे खातिर भी नयाँ सेटअप सहित के सेन्टर सञ्चालन कईल बतवनी ।
नयाँ सेन्टर के उदघाटन के अवसर मे ई सेन्टर से १०० आ एकरा से बेसी ब्यालेन्स रिचार्ज करेवाला हरेक ग्राहक के एनसेल के अनेकन उपहार प्रदान भी कईल रहे । एतवार से शुक तक हप्ता के ६ दिन ई सेन्टर ग्राहकलोग के सेवा प्रदान करी । दाहाल के मुताविक देशभर एनसेल के ३३ गो सेन्टर सञ्चालन मे रहल बा ।






