स्वास्थ्य आ शिक्षा मे तीन तह के सरकार गम्भीर : मन्त्री यादव

स्वास्थ्य आ शिक्षा मे तीन तह के सरकार गम्भीर : मन्त्री यादव

महोत्तरी २९ बैशाख

जलेश्वरस्थित प्रादेशिक अस्पताल मे रहल ब्लड बैंक के उद्घाटन तथा प्रशासकीय भवन के शिलान्यास पुरा भईल बा । शनिचर के दिने अस्पताल परिसर मे आयोजना कईल एक समारोह के बीच उपप्रधान एवं स्वास्थ्य तथा जनसंख्यामन्त्री उपेन्द्र यादव ब्लड बैंक के उद्घाटन आ प्रशासकीय भवन के शिलान्यास कईले रहनी ।
जनता सरकार से मिलेवाला सेवा सुविधा मेसे महत्वपूर्ण मानल गईल स्वास्थ्य आ शिक्षा ओरी तीन तह के सरकार नागरिकस्तर मे प्रत्यक्षरूप मे पुगावे खातिर सक्रिय रहल मन्त्री यादव बतवनी । जेकर उदाहरण के रूप मे मधेस प्रदेश के जनकपुर मे मधेस स्वास्थ्य विज्ञान प्रतिष्ठान, राजविराज मे रामराजाप्रसाद सिंह स्वास्थ्य विज्ञान प्रतिष्ठान लगायत के स्वास्थ्य प्रतिष्ठान संरचना के निर्माण कईल संघीयता के देन भईल उनकर दाबी बा । उ संघीय सरकार आ मधेश प्रदेश सरकार स्वास्थ्य क्षेत्र के विकास मे हरसम्भव प्रयासरत कर रहल बतवनी । नेपाल जईसन देश मे संघीयता संस्थागत ना होखे तक हरेक जनस्तर मे ई सुविधा सहज आ सरलरूप मे पुगेमे निश्चितरूप मे कुछ ना कुछ समस्या रहेके उनकर कहनाम बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।