पर्सा के ५ जगहा मे माघी महोत्सव भव्य रुप मे मनावल जाई

पर्सा के ५ जगहा मे माघी महोत्सव भव्य रुप मे मनावल जाई

वीरगंज २९ पुस

आदिवासी थारु समुदाय के नयाँ बरीस खिँचडी (माघी) ई बेर भी भव्य रुप मे मनावेके जनावल गईल बा ।

बिहान माघ १ गते वीरगंज के पूराना बसपार्क मे कार्जक्रम के आयोजना करेके तईयारी कईल एतवार के दिने पत्रकार सम्मेलन करके जानकारी देहले बा । माघी मूल समारोह समिति पर्सा थारु माघी समारोह २०८० कार्जक्रम आयोजना करेके भईल बा ।

आदिवासी थारु समुदाय के माघी (खिचडी) पर्व तथा थारु समुदाय के नयाँ बरीस थारु सम्वतः २६४८ के शुभकामना आदानप्रदान, भाषा तथा सास्कृंतिक कार्जक्रम के साथे माघी समारोह मनावेके तथा राज्य के आदीवासी थारु समुदाय के राजनैतिक, सास्ंकृितक, सामाजिक पहिचान, राज्य के हरेक निकाय मे जनसङख्या के आधार मे पूर्ण समानुपातिक समावेशी प्रतिनिधित्व सहित हक अधिकार सुनिश्चित करेके उद्देश्य से कार्जक्रम के आयोजना कईल समिति के संयोजक शेखर चौधरी बतवनी ।

माघी के अवसर मे आम समुदाय के जीवन रक्षा खातिर उहे दिन खुनदान कार्जक्र आयोजना कईल संयोजक चौधरी बतवनी । माघ १ गते सबेरे घण्टाघर से पुराना बसपार्क थारु सस्ंकृति झल्केवाला झाँकी सहित प्रभातफेरी निकालेके आ पूराना बसपार्क मे आयोजना करेके औपचारिक कार्जक्रम मे थारु सस्ंकृति झल्केवाला घाँटो, सामाचकेवा, झम्टा, थारु पूर्वि नाच, थारु समुदाय के लईकालईकी के थारु नाच, कला प्रदर्शनी, थारु खाना के परिकारसब घोंङ्गी, केकडा, मछरी, परेवा, हाँस, मुर्गा, चिचर, भुजा आ तिल के लड्डु के स्टलसब राखेके संयोजक थारु के कहनाम बा ।

समिति के संयोजक शेखर चौधरी के संयोजकत्व मे भईल पत्रकार सम्मेलन मे थारु कल्याणकारी सभा के केन्द्रीय सदस्य नन्दकिशोर पञ्जियार, प्रचार प्रसार संयोजक शम्भु महतो थारु, दिपेन्द्र चौधरी, बिजया ओझैया, मनोज चौधरी लगायत के सहभागिता रहल रहे ।

कार्जक्रम के सञ्चालन पुनम चौधरी कईले रहनी । एहितरे पर्सा जिल्ला के पाँच जगहा मे ई बरीस माघी महोत्सव के अवसर मे कार्जक्रम के आयोजना करेके भईल बा । वीरगंज सहित पर्सा के पटेर्वासुगौली गाँवपालिका, जीराभवानी गाँवपालिका, पर्सागढी नगरपालिका आ सखुवाप्रसौनी गाँवपालिका मे माघी महोत्सव मनावेके तईयारी हो रहल बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।