आक्रमण करेवाला बाघ के स्थानीयवासी मारके मुवईलें
आक्रमण करेवाला बाघ के स्थानीयवासी मारके मुवईलें

वीरगंज २९ बैशाख
पर्सा के सखुवा प्रसौनी गाँवपालिका वार्ड नं. १ औराहा मे शनिचर के दुपहरिया बाघ के आक्रमण से एक पुरुष गम्भीर घायल भईल बाडन । स्थानीय ३६ बरीस के भीमबली महतो थारु बाघ के आक्रमण से गम्भीर घायल भईल बाडन । घायल थारु के वीरगंज स्थित नारायणी अस्पताल मे ईलाज हो रहल पर्सा के प्रहरी नायब उपरीक्षक एवं प्रवक्ता कुमार विक्रम थापा बतवनी । महतो उपर आक्रमण करेवाला बाघ के भी स्थानीयलोग मारके मुआवल उ बतवनी ।
पुलीस मे मुताविक आजु सँझिया करिब ५ बजे महतो घर लगेके मकई के खेतमे गईल समय बाघ के आक्रमण मे परल रहलन । मकई खेत लगे रहल खोल्सा मे पुगल महतो के बाघ आक्रमण करके घिसियावे लागला के बाद लगे रहल आउर आदमीसब होहल्ला कईला के बाद बाघ महतो के छोडल स्थानीय के बात के उद्धृत करत इलाका प्रहरी कार्यालय पटेर्वा सुगौली के प्रहरी निरीक्षक रामराजा केशरी बतवनी । महतो उपर आक्रमण कईल बाघ के उनकर गाँव के आदमीसब घेवार करके टाँगी, भाला आ लठ्ठी से मारके मुआवल पुलीस जनवले बा । स्थानीय के आक्रमण से मरल बाघ समाचार तईयार करे तक घटनास्थल मे बा । ई सम्बन्ध मे जिल्ला प्रहरी कार्यालय मे खबर कईल प्रहरी निरीक्षक केशरी बतवनी ।






