डिएपी खाद आवेमे अभी एक हप्ता लागी
डिएपी खाद आवेमे अभी एक हप्ता लागी

वीरगंज ३१ बैशाख
कोलकाता आइल कृषि सामग्री कम्पनी के २० हजार टन डिएपी खाद नेपाल लियावेमे आउर एक हप्ता लागेके जनावल गईल बा । नेपाल मे डिएपी खाद के बहुते कमी बा । ठेकेदार आदित्य बिरला ग्लोबल ट्रेडिङ्ग (सिङ्गापुर) प्रालि चीन से खरिद करके लियावल डिएपी खाद कोलकाता बन्दरगाह मे बैशाख २७ गते हि आईल बा ।
माकिर उहाँ जहाज से अनलोड तथा कम्पनी के बोरा मे प्याकिङ्ग करके नेपाल ओरी खाद पठावे खातिर कम्ति मे आउर एक हप्ता के अवधि लागेके कम्पनी मधेश प्रादेशिक कार्यालय वीरगंज जनवले बा ।
कार्यालय के सहायक प्रथम बलबहादुर शाह के मुताविक कन्साइन्मेन्ट नम्बर १ सय २० के उ खाद कोलकाता बन्दरगाह मे कम्पनी के बोरा मे प्याकिङ करके नेपाल आवे खातिर आउर कम्ती मे एक हप्ता लागेके सम्भावना रहल बा ।
‘सामान्यतया कोलकाता बन्दरगाह मे पानी जहाज से खाद अनलोड करके प्याकिङ्ग करके नेपाल लियावे खातिर एक हप्ता के समय लाग रहल बा,’ उ कहनी, ‘हमनी भी उहे आधार मे अनुमान कईल गईल बा, ई बीच मे कउनो बाधा अवरोध ना आके लागला पर खाद एक हप्ता भितर नेपाल आवे लागल बा ।’
शाह अभी कम्पनी प्रादेशिक कार्यालय वीरगंज मे डिएपी १ हजार ९ सय ४८ टन, युरिया ११ हजार ६ सय ६२ टन आ पोटास १ हजार ५ सय ३९ टन मौज्दात रहल बतवनी । एहितरे मधेश प्रदेशभर के कम्पनी कार्यालयसब मे करके १९ हजार २ सय ७६ टन युरिया, २ हजार ३ सय ३६ टन डिएपि आ २ हजार ७ सय ९० टन पोटास खाद मौज्दात रहल बा ।
अभी किसान के चईते बाली के खातिर डिएपी खाद जरुरी ना रहला पर भी वर्षे बाली के धान के बिया छिटेके, ऊँख तथा सुर्ती बाली मे छिटे खातिर डिएपी के जरुरत बा । चारपाते कृषि सहकारी संस्था बहुअरी वीरगंज के अध्यक्ष जीतेन्द्र यादव अभी किसान से खोजल समय मे डिएपी मल ना मिलल सिकाईत कईनी । ‘हमनी से खोजल समय डिएपी सहजे मिलल नईखे,’ उ कहनी, ‘चईते धान बाली के खातिर अब डिएपी जरुरी नईखे, माकिर बर्षे धान बाली के बिया छिटेके, सुर्ती आ ऊँख बाली के खातिर डिएपी के बहुते कमी रहल बा ।’
आउर ७५ हजार मेटन डिएपी खाद पाइपलाइन मे
कम्पनी के आउर ७५ हजार मेटन डिएपी पाइपलाइन मे रहल बा । शाह के मुताविक भारत से ‘जीटुजी’ प्रक्रिया से खरिद कईल २५ हजार टन डिएपी खाद असाढ के पहिलका हप्ता तक नेपाल आवे लागेके सम्भावना बा ।
‘सम्भवतः भारत मे लोकसभा के निर्वाचन बितला के बाद ई कन्साइन्मेन्ट के खाद नेपाल आवे लागी,’ कहत उ, ‘आदित्य बिरला कम्पनी हि भारत से ई खाद लियावे के जिम्मेवारी मिलल बा ।’
एकरा साथे ग्लोबल टेण्डर से भारत के इन्डियन पोटास लिमिटेड (आइपीएल) २ गो कन्साइन्मेन्ट मे ५० हजार टन डिएपि खाद लियावेके शाह बतवनी । ‘२५÷२५ हजार मेटन डिएपी मल आपूर्ति के २ गो ठेक्का आइपीएल के मिलल बा,’ कहत उ, ‘असाढ मसान्त तक ई दुनु कन्साइन्मेन्ट के खाद नेपाल आवेके सम्भावना बा ।’
अईसे निरन्तर ३ गो कन्साइन्मेन्ट मे करके ७० हजार मेटन डिएपी खाद २ महिना भितर आवेके भईला से आवेवाला बर्षे धान बाली सिजन के खातिर पर्याप्त डिएपि खाद उपलब्ध होखेके उ दाबी कईनी । उल्था ईकान्तिपुर






