विद्यार्थी के हौसला बढावे खातिर ‘किलास कोठरी मे मेयर’ कार्जक्रम

विद्यार्थी के हौसला बढावे खातिर ‘किलास कोठरी मे मेयर’ कार्जक्रम

वीरगंज ३१ बैशाख

वीरगंज महानगरपालिका ‘किलास कोठरी मे मेयर’ कार्जक्रम के शुभारम्भ कईले बा । सोमार के दिने वीरगंज महानगरपालिका–४ विर्ता मे रहल त्रिजुद्ध माध्यमिक विद्यालय मे पुगके मेयर राजेशमान सिंह उ कार्जक्रम के सुरुवात कईले बाडन ।
विद्यार्थीलोग के उत्प्रेरणा बढावे खातिर मेयर सिंह हप्ता के एक दिन अनेकन विद्यालय मे पुगके ‘किलास कोठरी मे मेयर’ कार्जक्रम मार्फत एगो किलास लेहल सुरु कईले बाडन ।
पहिलका दिन सोमार के दिने त्रिजुद्ध मावि मे पुगल मेयर सिंह किलास कोठरी मे जाके विद्यार्थीलोग के उत्प्रेरणा बढावे खातिर मोटिभेसनल किलास लेत अध्ययन के मुख्य केन्द्र मे राखके अगाडि बढेके बात मे जोड देहनी । आपन अग्रज के योगदान के सम्मान करत शिक्षा प्रदान करेवाला गुरुलोग के सम्मान मे कमी ना लियावे खातिर उ विद्यार्थीलोग से निहोरा कईनी ।
ईहे शैक्षिक सत्र से विद्यालय मे डिजिटल किलास भी सञ्चालन कईल महानगर ओकर उपयोगिता आ प्रभावकारिता के विषय मे समेत मेयर सिंह अवलोकन कईनी । महानगरपालिका इहे शैक्षिक सत्र से महानगर के अनेकन ३० गो विद्यालय मे नेपाली भाषा सिकाइ के खातिर डिजिटल किलास भी सञ्चालन कईले बा ।
मेयर सिंह किलास १० के विद्यार्थी के किलास मे पुगके उलोग के उत्प्रेरणा देहला पर विद्यार्थी के अध्ययन के खातिर आउर हौसला मिलल त्रिजुद्ध मावि के प्रधानाध्यापक नविन मिश्र बतवनी । सोमार के दिने त्रिजुद्ध मावि के किलास कोठरी मे मेयर सिंह सँगे महानगरपालिका के प्रमुख प्रशासकीय अधिकृत मातृका भट्टराई आ शिक्षा महाशाखा प्रमुख अरविन्दलाल कर्ण भी विद्यार्थीलोग के हौसला बढावे खातिर किलास लेहनी ।
मेयर सिंह विद्यालय के अनुगमन भी करत गईला पर उहाँ उपलब्ध साधन स्रोत के स्थिति तथा प्रयोग के अवस्था के बारे मे जानकारी लेहनी । एहितरे किलास पाँच के विद्यार्थी के मेयर सिंह पुस्तक हस्तान्तरण कईनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।