जगरनाथपुर–५ मे श्री विष्णु महायज्ञ के अवसर मे ढोलबाजा सहित कलश यात्रा निकलल

जगरनाथपुर–५ मे श्री विष्णु महायज्ञ के अवसर मे ढोलबाजा सहित कलश यात्रा निकलल

वीरगंज ०६ जेठ

पर्सा के जगरनाथपुर गाँवपालिका वार्ड नं. ५ धर्मपुर मसिहानी मे एतवार के दिने ढोलबाजा सहित कलश यात्रा निकालल बा । सोमार से ९ दिने श्री विष्णु महायज्ञ शुभआरम्भ होखेके आयोजक जनवले बा ।
आवेवाला जेठ १४ गते तक चलेवाला उ महायज्ञ के पहिलका दिन एतवार के भव्य कलश सहित के शोभायात्रा भी निकालल गईल रहे । महायज्ञ आयोजना स्थल से सुरु भईल कलश सहित के शोभायात्रा चिलझपटी, झाखर, मसिहानी, मधुवाहन, धर्मपुर गाँव होत मधुवाहा नदी मे पुगके उहाँ पूजापाठ करके जल भरके जगरनाथपुर गाँव के परिक्रमा करत महयज्ञ मण्डप मे पुगके समापन भईल रहे ।
कलश तथा शोभायात्रा मे ७ सय ५१ जने कुमारी कन्या के साथे करिब ४ हजार भक्तजन सहभागी रहल महायज्ञ संयोजक लालबाबु पटेल बतवनी । शोभायात्रा अनेकन गाँव के परिक्रमा करेके समय मे सहभागीलोग के जगहा–जगहा मे अनेकन आदमी आ संस्था ठण्डा पानी, सर्वत, फ्रुटी, फलफूलसब बँटले रहलन ।
जगरनाथपुर गाँवपालिका वार्ड नं. ५ मे हो रहल “श्री बिष्णु महायज्ञ” के जल यात्रा के समुदघाटन नेपाली कांग्रेस के केन्द्रिय सद्स्य एवं पूर्व मन्त्री रमेश रिजाल कईले रहनी । जगरनाथपुर गा.पा. अध्यक्ष श्रीकान्त प्रसाद यादव के अध्यक्षता मे भईल कार्जक्रम मे मधेश प्रदेश के पूर्व मुख्यमन्त्री लालबाबु राउत, प्रदेश सासंद शंकर चौधरी, रमेश पाण्डे, नवीन सिंह, बशिष्ठनारायण कुर्मी, वार्ड अध्यक्ष बिहारी नुनिया, शुभाष यादव, लक्ष्मी साह तेली, नेपाली कुशवाहा लगायत स्थानीय लोगके उल्लेखनिय सहभागिता रहल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।