चार जगहा मे भईल कार्जक्रम मे २०८ जने कईलें खुनदान

चार जगहा मे भईल कार्जक्रम मे २०८ जने कईलें खुनदान

वीरगंज १२ जेठ

वीरगंज मे शनिचर के दिने वीरगंज युवा समाज से आयोजना कईल कार्जक्रम मे १७ जनानी सहित १ सय १२ जने खुनदान कईले बाडन ।
होटल मकालु मे आयोजना कईल उ कार्जक्रम मे प्रिया मिश्र, संजिव थापा, बिशम्भर मल्ल, राजु गुप्ता, बिक्रम खनाल, मणिहर्ष शाक्य, मनोज गुप्ता लगायत के लोग खुनदान कईल रक्त सञ्चार केन्द्र वीरगंज के प्राविधिक प्रमुख सौरभराज पाण्डे जानकारी देहनी ।
वीरगंज युवा समाज के अध्यक्ष संजिव थापा के अध्यक्षता मे भईल कार्जक्रम मे वीरगंज महानगर के मेयर राजेशमान सिंह, पर्सा के प्रमुख जिल्ला अधिकारी दिनेश सागर भुषाल, पर्सा के सशस्त्र प्रहरी उपरीक्षक राधेश्याम धिमाल, सशस्त्र प्रहरी नायब उपरीक्षक संगम श्रेष्ठ, वडा प्रहरी कार्यालय वीर्ता के प्रहरी निरीक्षक पुष्कर बोगटी, युवा समाज के संस्थापक अध्यक्ष कमल चौगाई लगायत के सहभागिता रहल रहे । एहितरे आजु नेपाल खेलकुद महासंघ से आयोजनाा कईल कार्जक्रम मे २८ जने खुनदान कईले बाडन ।
खेलकुद महासंघ के वार्ड ईकाइ समिति रेशमकोठी मे आयोजना कईल खुनदान कार्जक्रम मे ५ जनानी सहित २८ जने खुनदान कईले बाडन । खुनदान करेवाला मे वार्ड अध्यक्ष प्रदीप चौरसिया, विनिता श्रेष्ठ, मनोज साह, प्रदीप चौरसिया, सोनु पटेल, शुभम श्रीवास्तव लगायत रहल रक्त सञ्चार केन्द्र वीरगंज के प्राविधिक प्रमुख सौरभराज पाण्डे बतवनी ।
खेलकुद महासंघ के वार्ड ईकाइ अध्यक्ष राजु साह के अध्यक्षता तथा वीरगंज महानगरपालिका के मेयर राजेशमान सिंह के प्रमुख आतिथ्यता मे भईल कार्जक्रम मे नेकपा एमाले के जिल्ला सचिव महेश दास, वार्ड अध्यक्ष प्रदीप चौरसिया, खेलकुद महासंघ पर्सा के अध्यक्ष मनोज साह, जिल्ला सचिव सन्दिप बस्नेत लगायत के सहभागिता रहल रहे ।
एहितरे सशस्त्र प्रहरी बल नेपाल नं ४० रिजर्भ गण, पिलुवा बारा के आयोजना मे भईल कार्जक्रम मे ४१ जने खुनदान कईल रक्त सञ्चार केन्द्र वीरगंज जनवले बा । एहितरे वीरगंज युथ कमिटी के आयोजना भईल कार्जक्रम मे २७ जने खुनदान कईले बाडन ।
एतना गर्मी मौसम के वास्ता ना करके हर्षोल्लास के आजु चार गो संस्था खुनदान कार्जक्रम आयोजना कईले बा । सभी कार्जक्रम मे मिला के २०८ युनिट खुन संकलन भईल आ जीवन रक्षा के क्षेत्र मे अतुलनीय योगदान कईला मे रक्त सञ्चार केन्द्र सभी उपर आभार प्रकट कईले बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Check Also

Close
Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।