वीरगंज के दु निजी अस्पताल अनुमति विपरीत सञ्चालन हो रहल, म्याद बितल दवाई मिलल
वीरगंज के दु निजी अस्पताल अनुमति विपरीत सञ्चालन हो रहल, म्याद बितल दवाई मिलल

वीरगंज १६ जेठ
वीरगंज मे रहल प्रभु हस्पिटल एण्ड रिसर्च सेन्टर सरकार से २५ शैया के इजाजत लेहला पर भी ६० से बेसी शैया मे मरेजी राखके ईलाज करत आईल मिलल बा ।
वीरगंज महानगरपालिका वार्ड नम्बर ८ मे वितल साढे चार बरीस से सञ्चालन मे रहल प्रभु हस्पिटल प्रदेश सरकार के स्वास्थ्य मन्त्रालय से २५ शैया मात्र सञ्चालन के इजाजत लेहले बा । माकिर मंगर के दिने वीरगंज महानगरपालिका से कईल अनुगमन के समय मे अनुमति विपरित उ अस्पताल ६३ शैया राखके सञ्चालन कर रहल मिलला मे महानगर से अनुगमन मे गईल टोली मे सहभागी महानगर के स्वास्थ्य महाशाखा के प्रमुख अनिल यादव बतवनी ।
मंगर के दिने वीरगंज महानगरपालिका के स्वास्थ्य समिति के संयोजक उमाशंकर तिवारी के नेतृत्व मे महाशाखा के टोली प्रभु हस्पिटल आ निलकण्ठ अस्पताल के अगुगमन कईले रहे । अनुगमन के समय मे प्रभु हस्पिटल सरकार से २५ शैया सञ्चालन के अनुमति लेहला पर भी अभी ६३ शैया राखके मरेजी के ईलाज कर रहल मिलल स्वास्थ्य महाशाखा प्रमुख यादव बतवनी । ‘ई सरासर गैरकानूनी ह । जेतना बेड के अनुमति लेहल बा ओकरा से एक बेड भी बेसी सञ्चालन करे ना मिली ।’ एहितरे प्रभु हस्पिटल मे अनुगमन के समय मे मरेजी के ईलाज मे प्रयोग करेवाला कुछ दवाईसब म्याद बितल अवस्था मे मिलल अनुगमन टोली के संयोजक तिवारी बतवनी । उनका मुताविक अस्पताल के आइसियू कक्ष आ ल्याब मे म्याद बितल ८ किसिम के दवाई मिलल बा । एहितरे प्रभु अस्पताल मे संचालित ल्याब भी अस्पताल के निचलका तल्ला के निचे बनावल अण्डर ग्राउण्ड पार्किङ मे सञ्चालन हो रहल अवस्था मे मिलल महानगर के स्वास्थ्य महाशाखा प्रमुख यादव बतवनी ।
एहितरे वीरगंज महानगरपालिका वार्ड नम्बर १३ पावरहाउस चोक लगे सञ्चालन मे रहल नीलकण्ठ हस्पिटल एण्ड रिसर्च सेन्टर भी १५ शैया के अनुमति लेके ३३ शैया राखके मरेजी के ईलाज कर रहल मिलल महानगर के स्वास्थ्य महाशाखा प्रमुख यादव बतवनी । यादव के मुताविक नीलकण्ठ हस्पिटल वीरगंज महानगरपालिका के कार्यालय से १५ शैया मात्र सञ्चालन के इजाजत लेहले बा ।
अनुगमन के समय मे उ अस्पताल के अनेकन विभाग आ कक्ष से भी म्याद बितल दवाईसब मिलल यादव बतवनी । उनका मुताविक नीलकण्ठ अस्पताल के शल्येक्रिया कक्ष (अप्रेसन थिएटर) मे एट्रोपाइन सल्फेट, पायरोलेट, लिडो आ आर्याडाइन तथा आकस्मिक कक्ष मे एट्रोपाइन सल्फेट, फेनोटन सोडियम आ प्लसफ्रलोन नाम के दवाई म्याद बितल अवस्था मे मिलल बा । महानगरपालिका के अनुगमन टोली कुछ समय एने इहाँ संचालित अस्पतालसब के निरन्तर अनुगमन कर रहल बा । महानगर से १५ शैया के अनुमति लेहल नीलकण्ठ अस्पताल के सन्दर्भ मे महानगर खुदे कानुन मुताविक कारबाही करेके मेयर राजेशमान सिंह बतवनी । एने प्रभु हस्टिल के अध्यक्ष तथा सञ्चालक डाक्टर मनोज गुप्ता आपन अस्पताल २५ शैया के अनुमति लेहले बा माकिर ओकरा से बेसी एक शैया भी सञ्चालन ना कईल जिकिर कईनी । उ कहनी, ‘२५ शैया से १ सय शैया के सञ्चालन के तईयारी कर रहल बानी । ओकरा खातिर आउर शैयासब किनके राखल मात्र ह । माकिर २५ शैया से बेसी एक शैया मे भी मरेजी के ईलाज नईखे भईल । १ सय शैया के इजाजत के खातिर जरुरी प्रकृया सुरु कईल गईल बा ।’ म्याद बितल दवाई मिलल सन्दर्भ मे डाक्टर गुप्ता कर्मचारी के कुछ लापरवाही के चलते उ दवाईसब ल्याब आ आइसियु मे मिलल बतवनी ।






