पेट्रोलियम पदार्थ के दाम घटल
पेट्रोलियम पदार्थ के दाम घटल

काठमाण्डु १८ जेठ
नेपाल आयल निगम पेट्रोल, डिजेल आ मट्टितेल के मूल्य घटवले बा ।
शनिचर से लागू होखेवाला किसिम से निगम पेट्रोल मे प्रतिलिटर ३ रोपेया, डिजेल आ मट्टितेल के दाम प्रतिलिटर १ रोपेया घटवले बा ।
हवाई इन्धन आ एलपी ग्यास के मूल्य यथावत रहल बा ।
अब काठमाण्डु उपत्यका मे पेट्रोल के दाम १६८ रोपेया प्रतिलिटर कायम भईल बा । डिजेल आ मट्टितेल के प्रतिलिटर १५३ रोपेया भईल बा ।
कार से बजेटमार्फत पेट्रोलियम पदार्थ मे प्रतिलिटर १ रोपेया हरित कर जोडले बा । माकिर भारत से कम मूल्य मे आयात भईला के चलते नेपाली बजार मे भी दाम घटल बा ।






