वीरगंज औद्योगिक क्षेत्र के विद्युत् आपूर्ति सुधार कईल जा रहल
वीरगंज औद्योगिक क्षेत्र के विद्युत् आपूर्ति सुधार कईल जा रहल

काठमाण्डु, २० जेठ
औद्योगिक नगरी वीरगंज आ आसपास के क्षेत्र मे सहज विद्युत् आपूर्ति करे खातिर नेपाल विद्युत् प्राधिकरण द्रुत गति मे उच्च क्षमता के विद्युत् प्रसारण लाइन तथा सबस्टेसन के निर्माण सुरु कईले बा ।
औद्योगिक करिडोर मे सञ्चालित आ आवेवाला दिन मे खुलेवाला उद्योग के उच्च क्षमता के विद्युतीय संरचना जरुरी परल बा । वीरगंज सहित बारा–पर्सा औद्योगिक करिडोर मे रहल उद्योग के विद्युत् आपूर्ति करे खातिर चालु प्रसारण लाइन तथा सबस्टेसन के स्तरोन्नति हो रहल प्राधिकरण जनवले बा । प्राधिकरण के मुताविक उच्च क्षमता के कुछ प्रसारण लाइन तथा सबस्टेसन निर्माणाधीन बा आ कुछ प्रस्तावित बा ।
बारा–पर्सा औद्योगिक करिडोर मे परेवाला सिमरा, निजगढ, वीरगंज, परवानीपुर, पोखरिया, प्रसौनी लगायत के क्षेत्र मे प्राधिकरण से उच्च क्षमता के विद्युत् प्रसारण तथा वितरण के पूर्वाधार क्रमिक रूप मे बनावे लागल बा । प्राधिकरण बारा के पथलैया (पिलुवा) सबस्टेसन से परवानीपुर तक के करिब १८ किलोमिटर एक सय ३२ केभी डबल सर्किट प्रसारण लाइन के तार (कन्डक्टर) बदलके नयाँ राखेके काम अन्तिम चरण मे पुगवले बा । डबल सर्किट मेसे एगो सर्किट से विद्युत् आपूर्ति बन्द करके पुराना ‘कन्डक्टर’ निकाल के उच्च क्षमता (एचटिएलएस) राखेके काम हो रहल बा । एगो सर्किट के काम पुरा भईला के बाद सञ्चालन करके दुसरका सर्किट के काम सुरु होखी । प्रसारण लाइन के स्तरोन्नति आवेवाला असाढ के पहिलका हप्ता भितर पुरा करेवाला काम हो रहल बा । पथलैया (पिलुवा)– परवानीपुर प्रसारण लाइन से करिब दु सय मेगावाट प्रवाह करे सकेमे ‘कन्डक्टर’ बदलला के बाद क्षमता दोब्बर होखेके जनावल गईल बा ।
हेटौँडा–पथलैया (पिलुवा) एक सय ३२ केभी प्रसारण लाइन के भी ‘कन्डक्टर’ बदलके क्षमता दोब्बर बनावल गईल बा । एकरा से परवानीपुर ओरी आउर विद्युत् प्रवाह के खातिर सहज होखी । प्राधिकरण के कार्यकारी निर्देशक कुलमान घिसिङ शनिचर के दिने स्थलगत अनुगमन करके ‘कन्डक्टर’ बदलेके काम जलदी पुरा करे खातिर निर्माण व्यवसायी आ आयोजना व्यवस्थापन के निहोरा कईले बानी । कार्यकारी निर्देशक घिसिङ कहनी, “प्रसारण लाइन के क्षमता स्तरोन्नति के काम के खातिर एगो सर्किट बन्द करेके परला पर वीरगंज क्षेत्र मे विद्युत् आपूर्ति के समस्या भईल सिकाईत आ रहल बा, दोसर ओरी पथलैया से आउर विद्युत पठावे ना सकला पर भारत के रक्सौल से विद्युत् आयात करेके पर रहल बा, ओहिसे ओईसन संवेदशील अवस्था मे गम्भीर होके तोकल समय से पहिले काम पुरा करेके पडि ।”
घिसिङ अब पथलैया–परवानीपुर प्रसारण लाइन के क्षमता अभी से दोबर होखेवाला भईला से उ क्षेत्र मे खपत करके बाँकी विद्युत् रक्सौल ओरी निर्यात करे सकेके जानकारी देहनी । वीरगंज क्षेत्र के उद्योगसब एक सय ३२ केभी प्रसारण लाइन से विद्युत् आपूर्ति लेवे सकेवाला किसिम से उच्च क्षमता के प्रसारण लाइन तथा सबस्टेसनसब निर्माणाधीन रहल उ उल्लेख कईनी ।
उ क्षेत्र के उद्योग के लक्षित करके बारा के प्रसौनी आ वीरगंज मे एक सय ३२ केभी के दु गो सबस्टेसन निर्माणाधीन बा । विद्युत् के बढल औद्योगिक माग पूर्ति करे खातिर परवानीपुर से पोखरिया तक एक सय ३२ केभी प्रसारण लाइन प्रस्ताव कईल बा । पोखरिया मे सबस्टेसन निर्माणाधीन बा । परवानीपुर से पोखरिया तक करिब २१ किलोमिटर प्रसारण लाइन के डिजाइन तईयार भइल बा । हेटाँैंडा–ढल्केबर–इनरुवा चार सय केभी प्रसारण लाइन अन्तर्गत बारा के निजगढ मे चार सय केभी सबस्टेसन निर्माण करके उ लाइन के रमौली होत पोखरिया पुगावेवाला किसिम से दोसर आयोजना सुरु कईल बा । प्रस्तावित उ चार सय केभी प्रसारण लाइन आयोजना के लम्बाइ ६५ किलोमिटर होखी ।
निजगढ, रमौली आ पोखरिया मे चार सय केभी के तीन गो सबस्टेसन निर्माण कईल जाई । निजगढ–रमौली–पोखरिया प्रसारण लाइन के सर्वे पुरा भईल बा । प्रारम्भिक वातावरणीय परीक्षण प्रतिवेदन स्वीकृति के प्रक्रिया मे बा । निजगढ सबस्टेसन भारत के निर्यात आयात (एक्जिम) बैंक के सहुलियतपूर्ण कर्जा मे निर्माण कईल जाई । निजगढ–रमौली ३८ किलोमिटर प्रसारण लाइन आ रमौली मे सबस्टेसन एसियाली विकास बैंक के सहुलियतपूर्ण कर्जा मे निर्माण कईल जाई । रमौली–पोखरिया २७ किलोमिटर प्रसारण लाइन आ पोखरिया सबस्टेसन के लगानी स्रोत जुटल नईखे ।





