नारायणी अस्पताल मे दरबन्दी बेगर कार्यरत ४७ के सेवा से हटावल गईल
नारायणी अस्पताल मे दरबन्दी बेगर कार्यरत ४७ के सेवा से हटावल गईल

वीरगंज २१ जेठ
वीरगंज के नारायणी अस्पताल दरबन्दी बेगर कार्यरत चिकित्सक, स्टाफ नर्स सहित एके बेर ४७ जने स्वास्थ्यकर्मी आ कर्मचारी के हटवले बा ।
सोमार के दिने अस्पताल के निमित्त मेसु डाक्टर एनामुल हक के अध्यक्षता मे बईठल बईठक से अस्पताल मे लम्हर समय से दरबन्दी बेगर दैनिक ज्यालादारी मे कार्यरत ४७ जने स्वाथ्यकर्मी आ कर्मचारी के हटावेके निर्णय कईल अस्पताल के सूचना अधिकारी सुनिल रौनियार जानकारी देहनी ।
उनका मुताविक अस्पताल से हटईला मे आठ वाँ तह के मेडिकल अधिकृत चिकित्सक ११ जने, सात वाँ तह के मेडिकल अधिकृत १ जने, स्टाफ नर्स १२ जने, हेल्थ असिस्टेन्ट ३ जने, रेडियोग्राफर ५ जने, अहेब चार जने, कार्यालय सहजोगी ७ जने लगायत के रहल बाडन ।
अस्पताल प्रशासन सोमार के दिने जारी कईल सूचना मे अस्पताल मे दरबन्दी बेगर नियुक्त होके दैनिक ज्यालादारी मे कामकाज कर रहल ४७ जने स्वास्थ्यकर्मी आ कर्मचारी के इहे जेष्ठ २२ गते से सेवा अवधि समाप्त भईल निर्णय कईल उल्लेख बा ।
अस्पताल के निमित्त मेसु डाक्टर हक दरबन्दी बेगर दैनिक ज्यालादारी मे कार्यरतसब के चलते अस्पताल के आर्थिक भार थपईला से उलोग के सेवा से हटावल गईल बतवनी । उ कहनी, ‘एक त दरबन्दी बेगर उलोग कार्यरत रहलन । दोसर बात एतना बेसी कर्मचारी अस्पताल के जरुरी भी ना रहे । उलोग के ६÷७ महिना से तलब भत्ता भी अस्पताल खियावे सकत ना रहे । ई सभी कारण से उलोग के सेवा से हटावेके परल बा ।’ अस्पताल श्रोत के मुताविक एकरा से पहिले के निमित्त मेसु डाक्टर चित्तरन्जन साह के कार्यकाल मे दरबन्दी बेगर दैनिक ज्यालादारी मे करिब १५० से बेसी स्वास्थ्यकर्मी आ कर्मचारी अस्पताल मे नियुक्त कईल रहे ।





